टटको में टटका खबर : 8 अक्टूबर 2014, बुध

by | Oct 9, 2014 | 0 comments

वायुसेना दिवस पर दिहल भोज का दौरान राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी आ प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी

वायुसेना दिवस पर दिहल भोज का दौरान राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी आ प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी

  • समाजवादी पार्टी अपना परिवार के मुखिया मुलायम सिंह के फेरू तीन बरीस ला अध्यक्ष ‘चुन’ लिहलसि. जब से पार्टी बनल बा तबे से मुलायम सिंह ओकर अध्यक्ष बाड़े.
  • समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अधिवेशन में जदयू अध्यक्ष शरदो यादव हाजिर रहले. उनुका के खास मेहमान का तरह बोलावल गइल रहुवे.
  • गाँधी मैदान पर विजया दशमी का दिने भइल भगदड़ का बारे में सुनवाई करे वाला कमिटी का सोझा आजु सोलह गो पीड़ित परिवार आपन बयान दर्ज करवले. ओह दिन के जिलाधिकारी आ पुलिस अधीक्षको के बयान दर्ज कइल जाई.
  • कुँवर सिंह विश्वविद्यालय के स्नातक तिसरका साल के परीक्षा के प्रवेश पत्र आजु कर्मचारियन का हड़ताल का चलते ना मिल पवला पर नाराज परीक्षार्थी जम के बवाल कइले.
  • चन्द्रग्रहण के सूतक का चलते आजु देश भर के मंदिरन के कपाट बंद रहल आ साँझ बेरा ग्रहण खतम भइला का बाद पूजा अर्चना क के मंदिरन के कपाट खुलल.
  • राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी बिना कवनो फैसला लिहले दिल्ली विधानसभा से जुड़ल फाइल उपराज्यपाल नजीब जंग के आजु लवटा दिहलन. अब देखल जाव कि उपराज्यपाल का करत बाड़न.
  • वेस्टइंडीज के 322 रन के बड़हन स्कोर के पीछा करे उतरल भारतीय टीम के बल्लेबाज कुछ ना कर पवले आ पूरा टीम 41 ओवर में 197 रन बना के आउट हो गइल. पांच गो एकदिना के पहिला मैच वेस्टइंडीज का नामे रहल.
  • पटना गाँधी मैदान पर दशहरा का दिने भइल हादसा खातिर राज्य सरकार आ प्रशासन के आपराधिक लापरवाही के जिम्मेवार ठहरावत वामदल आजु पटना में विरोध मार्च निकलले.
  • सिवान जिला के एम एच नगर थाना के पसिवर गांव से आज सबेरे एगो नवही के लाश बरामद भइल बा. एगो दोसरा घटना में बोहटा नदी में नहाए गइल एगो लड़िका डूब गइल.
  • गांधी मैदान में भइल भगदड़ का बाद से पांच लोग अबहियोें नापाता बाड़े आ ओह लोग के परिवार के लोग दर दर भटकत बा ओह लोग के खोजे में.
  • जम्मू कश्मीर में सीमा पर होखत पाकिस्तानी गोलाबारी का बारे में आपन चुप्पी तूड़त पीएम मोदी कहलन कि जल्दिए सब कुछ ठीक हो जाई. वइसे भारत का तरफ से पाकिस्तान के मुँहतोड़ जबाब मिलत बा आ उ अब राष्ट्रसंघ के दरवाजा खटखटावे लागल बा.
  • खुदरा बाजार के ओनलाइन कंपनी फ्लिपकार्ट के तरफ से भारी छूट पर कइल बिक्री का खिलाफ खुदरा व्यापारी आपन शिकायत केन्द्र सरकार के पहँचवले बाड़न. सरकार कहत बिया कि एह बारेे में विचार क के फैसला लिहल जाई.
  • कांग्रेस उपाघ्यक्ष राहुल गांधी महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव में प्रचार करे उतरलन त उनकर जुबान बिछिला गइला आ पीएम मोदी के नेता विपक्ष कह दिहले राहुल.
  • उच्चतम न्यायालय ओह याचिका के नकार दिहलसि जवना में सेवानिवृत्त होखत न्यायाधीशन के एगो खास समय ले कवनो दोसर पद लेबे से मना करे के बात कहल गइल रहे.
  • वाराणसी में अगिला महीना संस्कृत भाषा के दशा आ दिशा पर विचार करे खातिर संस्कृत संसद बोलावल जाई.
  • चन्दौली के सैयदराजा इलाका में दू फरीक का आपसी झगड़ा में एक आदमी के जान चल गइल आ दू जने घवाहिल हो गइले.
  • अमेरिका के नेतृत्व में भइल हवाई हमला का बाद इस्लामिक स्टेट के आतंकवादी सीमावर्ती कुर्द बहुल कस्बा कोवानी से पीछे हट गइल बाड़े.
  • भूटान नरेश जिनमे खेसर नामग्याल वांगचुक तीन दिन के यात्रा पर आज धार्मिक नगरी वाराणसी पहुंचले. वाराणसी से पहिले भूटान नरेश तीन दिन ले बिहार के यात्रा पर रहले ह.
  • वाराणसी के मिर्जामुराद इलाका में सीनियर छात्रन के तंग कइला से आजिज आ के बीटेक अन्तिम वर्ष के एगो छात्र काल्हु रात फांसी लगाके जान दे दिहलसि.
  • वाराणसी के रोहनिया में काल्हु रात ट्रैक्टर से कचरा के मोटरसाइकिल सवार दू गो छात्रन के मौत हो गइल आ तिसरका घवाहिल हो गइल.
  • आस्ट्रेलिया में मुस्लिम धर्म प्रचारकन के आवे पर रोक लगा दिहल गइल बा. कुछ समय से आस्ट्रेलिया में सुरक्षा से जुड़ल छापामारी का चलते मुसलमान पहिलही से नाराज रहले ह आ अब एह फैसला का बाद ओहनी के नाराजगी अउर बढ़ गइल बा.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up