टटको से टटका खबर : 21 सितम्बर, अतवार

by | Sep 22, 2014 | 0 comments

20 सितंबर के भाजपा चुनाव समिति के बइठक के दृश्य

20 सितंबर के भाजपा चुनाव समिति के बइठक के दृश्य


(खबर से अधिका भोजपुरी के पसार)

  • इंचियोन एशियाई खेल – स्वर्ण सिंह विर्क रोइंग प्रतियोगिता के फाइनल ला क्वालीफाई ना कर सकले.
  • अफगानिस्तान निर्वाचन आयोग राष्ट्रपति चुनाव में अशरफ गनी के विजयी घोषित क दिहलसि. हालांकि अबही ले पूरा आंकड़ा जारी नइखे कइले.
  • भाजपा आरोप लगवले बिया कि यूपी सरकार खाली पड़ल नौकरियन के भरत नइखे जवना चलते बेरोजगार नवहियन हताश होत बाड़े.
  • इंचियोन एशियाई खेल – आजु भारत के निशानेबाजी आ महिला बैडमिंटन में सिर्फ दू गो कांस्य पदक मिल पावल.
  • कैमूर जिले के रामगढ़ इलाका के मोहनपुर भेरौला गांव में एगो नवही जहर खा के जान दे दिहलसि.
  • इंचियोन एशियाई खेल – सायना नेहवाल के विजयी शुरुआत का बावजूद आपन तीन गो मुकाबला हार के भारतीय महिला टीम बैडमिंटन प्रतियोगिता में कांस्य पदक से उपन ना जा सकल.
  • करोड़ो के सारधा चिट फंड घोटाला में आजु सीबीआई वित्त मंत्री रहल पी.चिदम्बरम के पत्नी नलिनी चिदम्बरम से पूछताछ कइलसि. उनुका पर एह घोटाला के जालसाजन से रूपिया लेबे के आरोप बा.
  • पांच बार के विश्व चैंपियन आ सुपर ग्रैंड मास्टर भारत के विश्वनाथन आनंद आजु छठवाँ आ आखिरी राउंड में आर्मेनिया के लेवोन एरोनियन से हरका का बावजूद पहिला बेर बिलबाओ चेस मास्टर्स के खिताब जीत लिहलन.
  • गोपालगंज के कटैया इलाका के छितौना गांव से अपराधियों आजु दू गो नवहियन के किडनैप कर लिहले बाकिर पुलिस ओहमें से एगो के छोड़ा लिहलसि आ तीन गो अपराधियन के पकड़ लिहलसि.
  • गोरखपुर जिला के झगहा इलाका में आजु कुछ बदमाश दसवीं के एगो छात्र के गोली मार के मुआ दिहले.
  • भाजपा के पुरनिया नेता आ सांसद रहल लालजी टंडन आजु सकरले कि उनुका के राज्यपाल बनावल जात रहे बाकिर उ मना क दिहलन.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारतीय हैंडबाल टीम निराशाजनक प्रर्दशन करत अतवार का दिने मेजबान दक्षिण कोरिया से 19-39 से हार गइल.
  • मऊ में एगो चिकित्सक अपना ब्यूटी पार्लर संचालक प्रेमिका के आजु गोली मार के हत्या क दिहलसि.
  • सरकार के आर्थिक सुधार खातिर कइल जात उपाय का चलते एह साल भारत के ऋण बाजार में विदेशी संस्थागत निवेशक एक लाख करोड रूपिया से अधिका लगवले बाड़न.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारतीय पुरुष बास्केटबाल टीम अपना दुसरका मैच में सऊदी अरब से 67-73 से हार गइल.
  • सुशील मोदी के कहना बा कि बिहार के दुर्भाग्ये रहल कि एहिजा हमेशा केन्द्र के विरोधी सरकार रहल. बाजपेयी का जमाना में राबड़ी, मनमोहन सिंह का जमाना में राजग के आ अब भाजपा के सरकार में माँझी सरकार एकर नमूना बा.
  • अमेरिकी पत्रिका फार्च्यून एशिया प्रशांत के पचीस गो सबले शक्तिमान औरतन के सूची में आईसीआईसीआई बैंक प्रमुख चंदा कोचर समेत कुल आठ गो भारतीय औरतन के नाम रखले बावे.
  • जौनपुर के सिद्दीकपुर का कताई मिल परिसर में 650 करोड रुपिया लगा के बने जात राजकीय मेडिकल कालेज के शिलान्यास मुख्यमंत्री अखिलेश यादव 25 सितम्बर का दिने करीहें.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारतीय महिला फुटबाल टीम अतवार का दिने थाईलैंड से दस गोल से हार गइल आ अपने कवनो गोल ना कर सकल.
  • महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव खातिर सीट के बाँट बखरा के कांग्रेस के प्रस्ताव राकांपा नकार दिहलसि.
  • इंचियोन एशियाई खेल – ड्रैग फ्लिकर रुपिन्दर पाल सिंह के तीन शानदार गोल का सहारे पिछला बेर के कांस्य विजेता भारत पुरुष हाकी प्रतियोगिता में विजई शुरूआत करत श्रीलंका के अतवार का दिने 8-0 से हरा दिहलसि.
  • महाराष्ट्र में विधानसभा सीट के बखरा पर शिवसेना के प्रस्ताव भाजपा के मंजूर नइखे. लागत बा कि पचीस साल पुरान गठबन्हन अबकी टूट जाई.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी न्यूजीलैंड में भइल चुनाव में जीत के आइल नयका प्रधानमंत्री जान की आ उनका न्यूजीलैंड नेशनल पार्टी के बधाई दिहले.
  • आजु बिहार के मुख्यमंत्री रहल स्व॰ भोला पासवान शास्त्री के 100वीं जयंती मनावल गइल आ उनुका के श्रद्धांजलि दिहल गइल.
  • चीन अपना हाईस्पीड रेलवे में 500 अरब डालर से अधिका लगवले बावे आ ओकरा लगे 11 हजार किलोमीटर से लमहर हाईस्पीड रेलवे नेटवर्क बा.
  • चीन के कूटनीति में रेलवे एगो खास हिस्सा बन गइल बा आ दुनिया के तमाम देशन में चीन आपन राजनयिक संबंध हाईस्पीड रेले से बढावत बा.
  • भाजपा सांसद बिहार के स्वास्थ्य मंत्री रहल भाजपा सांसद अश्विनी चौबे बिहार के मौजूदा स्वास्थ्य मंत्री रामधनी सिंह के मानहानि के कानूनी नोटिस भेज के हप्ता भर का भीतर आरोप सिद्ध करे के कहले बाड़न. रामधनी सिंह दवा घोटाला में चौबे के नाम लिहले रहन.
  • मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के ड्रीम प्रोजेक्ट लखनऊ मेट्रो रेल सेवा के बनावे के काम 27 सितम्बर के होखे जात शिलान्यास का साथे शुरु हो जाई.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारतीय पुरुष टेनिस टीम अपना दुसरका राउंड में नेपाल के खिलाफ 3-0 से एकतरफा जीत हासिल क के क्वार्टरफाइनल में जगह बनवलसि.
  • घूस लेबे के आरोप में सिंडिकेट बैंक के अध्यक्ष आ प्रबंध निदेशक एस के जैन के गिरफतारी के धेयान में राखत दस गो सरकारी बैंकन के मुखिया के बहाली नयका निर्देश आवे ले टार दिहल बा. अब बैंकन के प्रशासनिक ढांचा में बड़हन बदलाव करे के तइयारी चलत बा.
  • जी 20 देश करिया धन आ कर चोरावे के मामिला के जानकारी साझा करे खातिर नया प्रणाली विकसित करे पर तइयार हो गइलें. भारत के मिलल बड़हन कामयाबी. अब खाली मूलेधन ना ओह पर कमाइल ब्याज, डिविडेंड, आ बाचल धन के जानकारियो लिहल जा सकी.
  • इंचियोन एशियाई खेल – दुसरका दिने अतवार के निशानेबाजी में पुरूषन के दस मीटर एयर पिस्टल टीम स्पर्धा में भारत के टीम कांस्य पदक जीतलसि. जीतू राय के प्रदर्शन बढ़िया ना रहल.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


आज के टटको में टटका खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up