पहिलका भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड्स

by | Jun 7, 2011 | 9 comments

काल्हु ६ जून के मुंबई के रंग शारदा आडिटोरियम में आयोजित एगो रंगारंग समारोह में प्रथम मस्तराज भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड दिहल गइल. सिने अवार्ड के आयोजक किशन खदरिया मनोज तिवारी के एह दशक के सबले बड़ भोजपुरी सितारा घोषित कइले आ उदित नारायण का हाथे उनुका के सम्मानित कइल गइल. अवार्ड समारोह में दिनेश लाल यादव निरहुआ अभिनीत फिल्म “रणभूमि” के जलवा रहल आ ओह फिल्म खातिर कई एक गो पुरस्कार दिहल गइल. सर्वश्रेष्ठ अभिनेता दिनेश लाल निरहुआ, सर्वश्रेष्ठ फिल्म, आ सर्वश्रेष्ठ निर्देशक अनिल अजिताभ के ओहि फिल्म रणभूमि खातिर पुरस्कार मिलल किशन खदरिया के दिहल स्वागत भाषण का बाद शुरु कार्यक्रम के सफल संचालन गुंजन पंत, मनोज टाइगर, लवी रोहतगी, पंकज केसरी आ विक्रांत कइले.

कार्यक्रम का दौरान उपस्थित खास लोगन में भोजपुरी सिनेमा के दिग्गज हस्तियन का अलावे सांसद संजय निरुपम, महुआ टीवी के पंकज तिवारी, अवार्ड के प्रस्तुतकर्ता राज आयल मिल्स के अब्दुल मुसला आ आरिफ एस राघड़ा, यशोभूमि के कुंजेश परिहार, अभिनेता रजा मुराद, राकेश बेदी, आ अभिनेत्री साधना सिंह समेत बहुते लोग मौजूद रहल.

एगो खास बात जवना के जिक्र तक एह अवार्ड समारोह के खबर में नइखे आइल ऊ बा रवि किशन के नाम. ना त उनुका के कवनो सम्मान दिहल गइल ना उनुका कवनो फिल्म के खास जिक्र कइल गइल. शायद ई एहसे त ना कि अब तक होत आइल भोजपुरी फिल्म अवार्ड में पिछला पाँच साल से रविकिशन सर्वश्रेष्ठ अभिनेता घोषित होत आइल बाड़न. भोजपुरी सिनेमा में पसरल गुटबाजी के ई सबले खास उदाहरण का रुप में बा. जइसे कि साहित्यकार आ समाजसेवी भोजपुरी के अनगिनत विश्व सम्मेलन करत रहेले शायद वइसही अब भोजपुरी सिनेमा में अवार्डो समारोह के आयोजन होखल करी जइसे कि बालीवुड के हिन्दी सिनेमो के कई गो अवार्ड समारोह होत रहेला.

पूरा पुरस्कार सूची सिने भोजपुरी पर

Loading

9 Comments

  1. prashant kumar

    pawan singh ji jitna tezi se bhojpuri ki saan bda rhe otna respect oonhe nai diya hai iss award function me jo ki bhojpuri k level ko kvi upar nai le ja skta ……………. yahaa to bs manoj tiwari ravi kissan ek baat sun le they r d past star not present pawan singh ji v the or avi v hai ….. koi award mile ya nai ………… jitne fans following oonk hai avi dusro k nai hai mind it ……………..

  2. OP_Singh

    प्रिय वर्मा जी,

    अँजोरिया में प्रकाशित करे खातिर आपन कविता भा कहानी रउरा हमरा के इमेल से भेज सकीले.

    कविता कहानी का साथे आप परिचय आ फोटो जरुर भेज देम.

    कविता कहानी में जरुरत लायक संशोधन करे के, ओकरा के प्रकाशित करे भा ना करे के अधिकार संपादक का लगे रहेला. अगर रउरा अपना लिखल में कवनो बदलाव मंजूर नइखे त कृपा कर के लेख भा कविता कहानी मत भेजब.

    अगर संपादकीय हस्तक्षेप का बिना आपन रचना प्रकाशित करवावे के होखे त अँजोरदुनिया पर अपना के रजिस्टर करके हमरा के सूचित कर दीं. ओहिजा राउर रचना बिना कवनो फेरबदल के प्रकाशित होखल करी.

    राउर
    संपादक, अँजोरिया
    editor@anjoria.com

  3. Shyam Narain Verma

    आदरणीय महोदय जी

    हम आपण कविता या कहानी अंजोरिया में कईसे भेजीं ?

    धन्यवाद

  4. OP_Singh

    Kis film ke kis gane ke liye dost ?

  5. Sumit Tiwari

    Pawan Singh Ko Best Singer Ka Award Milna Chahiye Tha.

  6. OP_Singh

    धन्यवाद उदय जी,

    रउरा टिप्पणी से बाति साफ हो गइल. भोजपुरी सिटी सिने अवार्ड पर अगर राउरो मेल आ गइल रहीत त हमरा ई मतिभ्रम ना भइल रहीत. भोजपुरी सिनेमा के पुरान अवार्ड पिछला पाँच साल से लगातार रविकिशन के बेस्ट एक्टर के सम्मान देत आइल बा आ एह नयका अवार्ड का खबर में जब उनुकर जिक्र तक ना भइल त हमरा अचरज भइल रहे.

    अपना पाठकन से क्षमा चाहब कि भोजपुरी सिनेमा का बारे में हमरा लगे कवनो आपन जानकारी नइखे. समयाभाव का चलते हम सिनेमा ना देख पाईं, चाहे ऊ भोजपुरी के होखे भा हिन्दी के. हमार सगरी जानकारी कुछ सहृदय प्रचारकन पर निर्भर बा. ओही लोग का दिहल सामग्री के अँजोरिया परिवार का साइटन पर प्रकाशित कइल जाला.

    एक बेर पहिलहु लिख चुकल बानी. अँजोरिया बहुते बेसब्री से एगो फिल्म समीक्षक का तलाश में बिया जे कवनो फिल्म के समीक्षा पूर्वाग्रह बिना कर सको. बाकिर चूंकि हम मानदेय दे पावे का स्थिति में नइखीं एहसे केहू सामने नइखे आवत ई जिम्मा उठावे के. आज ओह आग्रह के फेर से दोहरा रहल बानी.

    राउर,
    ओम

  7. Uday bhagat

    is award ke bare me yahi kahunga ki Ravi kishan ki Film Mar dev goli Kehu na Boli ko 3 Award .Balidan ko 3 award, Devra bada satavela ko 5 award . Jara deb dunia Tohra pyar me ko 1 award, Satyamev Jayte ko 1 award mila hai

  8. OP_Singh

    प्रिय सुजीत जी,

    हम जवना बात का तरफ ध्यान दिअवले बानी ऊ इहे बा कि रविकिशन के नाम के जिक्र तक नइखे भइल हमरा लगे आइल समाचारन में. जबकि रविकिशन भोजपुरी सिनेमा के एगो मजगर हस्ती हउवें.

    रउरा टप्पणी खातरि धन्वाद सहित,
    राउर,
    ओम

  9. SUJIT

    SIR DEVRA BADA SATAWELA BEST FILM,BEST DIRECTOR,BEST MUSIC,BEST LYRICS,BEST DEBUT ACTRESS AWARD RAVI JI KI FILMO SE HI HAIN.BALIDAAN,JALA DEB KO BHI KAI AWARD MILE HAI SO KRIPYA LIKHNE KE PEHLE UCHIT JAANKAARI RAKHE

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up