pub-4188398704664586

पाण्डेय कपिल जी के निधन प स्मृति – सभा के आयोजन

by | Nov 8, 2017 | 0 comments

भोजपुरी साहित्य के साधक साहित्यकार पाण्डेय कपिल जी के निधन प काल्ह वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के स्नातकोत्तर भोजपुरी विभाग में स्मृति – सभा के आयोजन कइल गइल जवना के अध्यक्षता पूर्व भोजपुरी विभागाध्यक्ष आ भोजपुरी – हिंदी के वरिष्ठ विद्वान डॉ.गदाधर सिंह जी कइनी । पाण्डेय कपिल स्मृति – सभा के प्रारम्भ में संचालनकर्ता वर्तमान विभागाध्यक्ष नीरज सिंह स्व.कपिल जी के व्यक्तित्व आ कृतित्व प विस्तार से प्रकाश डललन। कार्यक्रम में उपस्थित पूर्व भोजपुरी विभागाध्यक्ष डॉ.रविंद्रनाथ राय आ डॉ. अयोध्या प्रसाद उपाध्याय , हिंदी विभागाध्यक्ष डॉ. योगेन्द्र पाठक , प्रो.बलराज ठाकुर आदि विद्वान लोग स्व. कपिल जी के व्यक्तित्व के विभिन्न पहलुअन प प्रकाश डालल । अपना अध्यक्षीय संबोधन में आदरणीय गदाधर बाबू भाव विह्वल होके कपिल जी के इयाद कइनी आ उहाँ के आपन भोजपुरी के साहित्यिक गुरु बतवनी । कार्यक्रम के अंत में एगो शोबीक प्रस्ताव पारित कइल गइल आ दू मिनट के मौन धारण कर के स्व. कपिल जी के प्रति श्रद्धांजलि अर्पित कइल गइल । एह कार्यक्रम में भोजपुरी आ हिंदी विभागन के छात्र- छात्रा लोग काफी संख्या में उपस्थित रहे ।

– नीरज सिंह जी के भेजल रपट


भोज. विभाग, भारतीय भोजपुरी साहित्य परिषद, आ भोजपुरिया समाज, मुजफ्फरपुर क ओर से लंगट सिंह महाविद्यालय परिसर, मुजफ्फरपुर में स्मृति शेष पाण्डेय कपिल के इयाद में ‘शोकसभा’ आयोजित भइल.

– जयकान्त सिंह ‘जय’ के व्हाट्सअप सूचना

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586