pub-4188398704664586

बिहार भोजपुरी अकादमी सम्मान लवटा दिहलन मनोज तिवारी

by | Aug 16, 2013 | 1 comment

ManojTiwari-RKDubey-DYPatilभोजपुरी भाषा के प्रचार प्रसार आ विकास खातिर बिहार भोजपुरी अकादमी से मिलल अकादमी सम्मान भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी राजभवन के वापिस भेज दिहलन. कुछ दिन पहिले पटना में भइल भोजपुरी अकादमी के कार्यक्रम में राज्यपाल डी.वाई. पाटिल के हाथे मनोज तिवारी के ई सम्मान दिहल गइल रहुवे बाकिर बिहार भोजपुरी अकादमी का ओर से भोजपुरी गायकन आ कलाकारन के अनदेखी होखला से दखी होखे मनोज तिवारी ई फैसला लिहलन.

चर्चित गायक भरत शर्मा आ गायिका पद्मश्री शारदा सिंन्हा आ तमाम भोजपुरी सितारन का साथे अकादमी के दोयम दर्जा के बेवहार से आ अवधी गायिका मालिनी अवस्थी के भोजपुरी अकादमी के ब्रांड अम्बेसडर बनवला से मनोज तिवारी दुखी बाड़न. कहतारें कि हमनी के भोजपुरी फिलिम इंडस्ट्री में रवि किशन, दिनेशलाल यादव ‘निहुआ’, पवन सिंह आ कल्पना पटवारी जइसन लोगो बा जे भोजपुरी भाषा के बहुते प्रचार प्रसार कइले बा आ करत बा बाकिर ओह लोग के भोजपुरी अकादमी सम्मान के लायक समुझल त दूर ओह लोग के अपना कार्यक्रम में नेवतबो ना कइलसि. ई दख के बात बा आ तमाम भोजपुरी कलाकारन के अपमान बा.

मनोज तिवारी के कहना बा कि अगर अकादमी चर्चित गायक भरत शर्मा भा चर्चित गायिका शारदा सिन्हा के आपन ब्रांड अम्बेसडर बना लेव त उ सम्मान वापिस ले लीहें. इहो कहलन कि बिहार सरकार से उनुका कवनो गिला शिकवा नइखे. शिकायत बा त भोजपुरी अकादमी के एह नयका फैसला से.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

1 Comment

  1. NEEMAN SINGH

    SARKARI SAMMAN T AAPAN RAJNEETI CHAMKAVE KHATIR DIHAL JAALA.
    O ME KAVNO SAMMAN NAA HOKHELA.

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586