उत्तर पूर्व दिल्ली से भाजपा के टिकट पर सांसद बनल भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी के पिछला दिने मुंबई के जूहू का होटल सी प्रिसेस में शानदार स्वागत आ सम्मान समारोह भइल.
एह मौका पर सांसद मनोज तिवारी आपन तीन गो प्राथमिकता बतवले. पहिला त ई कि अपना संसदीय इलाका के समस्यन के निपटारा, दोसरका भोजपुरी भाषा के संविधान के अठवीं अनुसूचि में शामिल करावल आ तिसरका ई कि भोजपुरी फिल्मोद्योग ला अच्छा दिन ले आवल. इहो कहलन कि नायक हईं आ नायके बनल रहल चाहब. अइसनका काम कबो ना करब कि लोग खलनायक कहे लागे.
लश्करिया समूह के बोलावल एह स्वागत आ सम्मान समारोह में असलम लश्करिया, प्रेम शुक्ला, इंद्रजीत मिश्रा, संगम लाल गुप्ता, तुलसी सिंह, उदित नारायण, श्वेता तिवारी, चंकी पांडे, अली खान, दिनेश लाल यादव, अभय सिंहा, संजीव गुप्ता, दुर्गा प्रसाद मजूमदार, सुनील बुबना, विकास मोहन, कुमार मोहन, आलोक कुमार, शब्बीर, विशाल मिश्रा, अनारा गुप्ता, अली खान, असलम शेख, दीप शिखा वगैरह अनेके खासमखास लोग मनोज तिवारी के बधाई देबे अइल रहुवे.
देर रात ले चलल एह समारोह के संचालन कामेडियन सुनील पाल कइलन.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
Manoj tewafe he ap ko. Bahut. Badae ap ASA kam made or. Log ap ko apna ap. Got da. Apka. Suvcentak jitendar.Mishra . Sahebganj. Jharkhand