भिखारी ठाकुर का गाँव में उनुकर जयन्ती समारोह

by | Dec 21, 2011 | 2 comments

गदबेरा का बाद अतवार के रात भिखारी ठाकुर के गांव जगमगा उठल जब उनुका जयंती का मौका पर उनुकर लिखल मशहूर नृत्य नाटिका “बिदेसिया” के मंचन करके उनुका के श्रद्धांजलि दिहल गइल. जनकवि भिखारी ठाकुर लोक साहित्य एवं सांस्कृतिक महोत्सव में भोजपुरी लोक गीत, नाच आ नाटक के सधल कलाकारन के प्रस्तुति का साथे भोजपुरी फिल्म जगत के कलाकारो लोग आपन कार्यक्रम पेश कइल. रात भर प्रोग्राम चलत रहल आ ओह लोग का आगा पूस के हाड़ कंपावे वाला पाला हार गइल. रात भर लोग जमल रहल.

भिखारी ठाकुर के बिदेसिया पेश करत जब उनुकर सहकर्मी रहल 84 साल के कलाकार गोपाल बिदेसिया बनके मंच पर उतरलें त उनुकर कला फेर से जवान हो उठल रहे. साथ दिहलें उनुके हमउमिरिया रामचन्द्र, जे प्यारीसुंदरी बनल रहलें. दुनु के संवाद आ सवाल जबाब के लटका सुनत लोग दंग रहुवे. भोजपुरी फिल्म जगत के कलाकारो देखले कि ओह जमाना के नृत्य नाटिका में कतना खासियत रहत रहल.

धोती पटधरिया पेन्हले, कान्हा पर चदरिया हो बबरिया झार के ना, लगनिया लगनिया लगनिया कहिया लागी सीताराम से लगनिया, इ राम नाम रस घोरी रे मन इहे अरज बा मोर., हमरा रही रही के देहिया में उठताटे देहिया में सुर वगैरह लोकगीतन के माध्यम से भिखारी ठाकुर के गांव के लोग का सोझा मलिकजी फेर जिंदा हो उठलें. एह मौका पर कलाकार वैष्णवी के प्रस्तुतियो शानदार आ सराहे जोग रहल.

समारोह के उद्घाटन विधान पार्षद लालदास राय कइलन. गीतकार आ संगीतकार से विधायक बनल विनय बिहारी खुदे पूरा कार्यक्रम के निर्देशन कइलें. एह मौका पर अनेके कलाकारन, समाजसेवियन आ कुछ पत्रकारन के भिखारी ठाकुर सम्मान से सम्मानितो कइल गइल. एह सम्मानित होखे वालन में विनय बिहारी, दिलीप जायसवाल, प्रदीप कुमार, अवधेश मिश्रा, ठाकुर संग्राम सिंह, श्रीराम तिवारी, राकेश कुमार सिंह, शिशिर कुमार सिन्हा, कवि असलम सागर, कैप्टन शिवजी सिंह, मनोज श्रीवास्तव वगैरह शामिल रहलें. समारोह के संयोजक रहलें ललन राय आ कृष्ण कुमार वैष्णवी.

स्टेशन आ पुल के नाम भिखारी ठाकुर का नाम पर

अतवार का दिने छपरा के विधि मंडल भवन-2 में भोजपुरी के शेक्सपियर भिखारी ठाकुर के 124 वीं जयंती धूमधाम से मनावल गइल.एह मौका पर कवि गोष्ठी आयोजित भइल. अध्यक्षता राज किशोर गिरी कइलन. कवि गोष्ठी का बाद भोजपुरी कवि दक्ष निरंजन के शाल भेंट करके सम्मानित कइल गइल.

एह आयोजन में सरकार से माँग कइल गइल कि गोल्डेनगंज स्टेशन आ आरा छपरा पुल के नाम भिखारी ठाकुर के नाम पर राखल जाव.

भिखारी ठाकुर खातिर भारत रत्न के माँग

दिघवारा के रामजंगल सिंह कॉलेज में आयोजित समारोह में केन्द्र सरकार से लोक कवि भिखारी ठाकुर के भारत रत्‍‌न से सम्मानित करे के माँग कइल गइल. माँग कइलन भाजपा नेता अशोक सिंह.

Loading

2 Comments

Leave a Reply to चंदन कुमार मिश्र

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up