भिखारी ठाकुर राष्ट्रीय प्रतिष्ठान आ राजेंद्र भवन के तत्वावधान में “भोजपुरी के शेक्सपीयर”, लोक कलाकार आ रंगकर्मी पद्मश्री “भिखारी ठाकुर के सामाजिक चेतना” विषय पर एगो राष्ट्रीय सेमिनार के आयोजन अतवार २४ जुलाई का दिन उपरी बेरा तीन बजे से दिल्ली के राजेंद्र भवन (आइटीओ के पास )में होखे जा रहल बा.
कार्यक्रम के संयोजक राजीव रंजन राय बतावत बाड़े कि, ‘भिखारी ठाकुर’ भोजपुरी जनजीवन के गहिरे ले प्रभावित कइले बाड़ब. उनकर रचित “बिदेसिया” आ “बेटीबेचवा” नृत्य नाटिका एक जमाना में एगो सामाजिक सांस्कृतिक आंदोलन जइसन खड़ा कर दिहले रहे. पद्मश्री भिखारी ठाकुर भोजपुरिया समाज में लोक कलाकार का साथही साथ एगो सामाजिक क्रांति के अगुओ मानल जाले. ऊ अपना नाटकन का माध्यम से सामाजिक कुरीतियन पर समहर चोट कइले बाड़े. ओही पद्मश्री भिखारी ठाकुर के सामाजिक चेतना पर ई सेमिनार बोलावल गइल बा.”
कार्यक्रम के अध्यक्षता वरिष्ठ साहित्यकार आ केदारनाथ सिंह जी करीहे आ साहित्यकार नित्यानंद तिवारीजी, मैनेजर पाण्डेयजी, संजीव जी, शत्रुघ्न कुमारजी, महेन्द्र सिंहजी, भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दुबेजी, आ भोजपुरी कवि मनोज भावुक समेते बहुते लेखक आ विचारक आपन राय रखीहे.
एह मौका पर सांस्कृतिक मंडली भिखारी संगीत के प्रस्तुतिओ करी.
ज्यादा जानकारी खातिर राजीव रंजन राय से 09312240631 पर, गजाधर ठाकुर से 09350228676 पर, भा मुन्ना पाठक से 09891404761 पर संपर्क कइल जा सकेला.
एकरा खातिर बहुत बहुत धन्यवाद
लोग त बरका-बरका आवता एमें। भिखारी ठाकुस शेक्सपीयर में हमरा खयाल से एगो अन्तर बा। भिखारी ठाकुर जनता से सीधे जुड़े रहवाला रहलन बाकिर शेक्सपीयर ना। लोग आई आ आनन्द उठाई कार्यक्रम के। उनकर नाटक बन्हिया बा।