मिरजापुर के शेरवाँ से वाराणसी आ के बस गइल पं॰ हरिराम द्विवेदी, जिनका के अधिका लोग हरि भइया क नाम से जानेला, के साहित्य अकादमी का ओर से भाषा पुरस्कार मिले के घोषणा भइल बा. एकरा पहिले भोजपुरी साहित्यकारन के ई पुरस्कार गोरखपुर के धरीछन मिश्र, देवरिया के मोती बी॰ ए॰ के दिहल गइल रहुवे आ हरी भइया तिसरका भोजपुरी साहित्यकार हउवें जिनका के एह पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल बा.
अपना एह सम्मान से गदगद हरि भइया एकरा के भोजपुरी के जीत बतावत बाड़े. एहसे पहिले हरि भइया के साहित्य भूषण, राहुल सांस्कृत्यायन सम्मान, यूपी रत्न, लोक पुरुष वगैरह अनेके सम्मान मिल चुकल बा.
साहित्य अकादमी का तरफ से भाषा पुरस्कार में एक लाख रुपिया नगद आ प्रशस्ति पत्र दिहल जाला. पुरस्कार कहिया दिहल जाई अबहीं एकर तिथि तय नइखे भइल.
बहुत -बहुत बधाई .