भोजपुरी भासा के मान्यता ला दिल्ली में धरना

by | Nov 15, 2016 | 0 comments

dharna15nov16delhi
नई दिल्ली : आजु 15 नवम्बर 2016 के भोजपुरी भाषा मान्यता आंदोलन (भोजपुरी जन जागरण अभियान) के बैनर से भोजपुरी भाषा के भारतीय संविधान में शामिल करावे के मांग लेके संगठन के राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल के नेतृत्व में दिल्ली के जंतर मंतर पर एक दिन के धरना दीहल गइल।
धरना के अध्यक्षता बिहार विश्वविद्यालय के भोजपुरी विभागाध्यक्ष डा० जयकान्त सिंह ‘जय’ कइनी आ एह धरना में देश भर से आइल भोजपुरी प्रेमी शामिल भइले।
पचीस करोड़ लोग के भाषा भोजपुरी भाषा महज बिहार, यूपी, झारखंड, छतीसगढ़ वगैरह राज्यन का साथे भारत के बाहरो लगभग चौदह देशन मे बोलल जाले। एह बेंवतगर भाषा के मारीशस अउर नेपाल में दरजा मिलल बा बाकि अपने देश भारत में मान्यता पावे ला ई आजुले तिकवत बिया।
भोजपुरी भाषा मान्यता आंदोलन (भोजपुरी जन जागरण अभियान) देश भर में भोजपुरी भाषा आ साहित्य के बढ़न्ती में आ एकर वास्तविक पहचान लोग ले चहुँपावे के काम में लागल बा। साथ ही भोजपुरी भाषा के भारत के संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे ला लगातार जागरुकता अभियान अउर धरना प्रदर्शन करत राहुल। अबले दिल्ली के जंतर मंतर पर चार बार धरना दिया चुकल बा। आजु के धरना पाँचवाँ धरना रहुवे।
एह धरना में देश भर से भोजपुरी प्रेमी, कवि साहित्यकार, लेखक, अभिनेता, लोकगायक/गायिका, विद्यार्थी आ बुद्धिजीवी शामिल भइले आ आपन आवाज बुलन्द कइले। धरना में बिहार से महामंत्री अभिषेक भोजपुरिया, विश्वनाथ शर्मा, मुजफ्फरपुर से डा० जयकान्त सिंह जय, सिवान से कृष्ण कुमार सिंह, झारखंड से राजेश भोजपुरिया, चम्पारण से तैयब हसन ताज, आरा से फिल्म अभिनेता सत्यकाम आनन्द, ओ पी पाण्डेय, गाजियाबाद यूपी से जे पी द्विवेदी, प्रकाश पटेल जी, दिल्ली से रंग श्री के हेड रंगकर्मी महेन्द्र प्रसाद सिंह, प्रमेन्द्र सिंह, लालबिहारी लाल जी, डा० मनोज कुमार सिंह, धनन्जय सिंह, देवेन्द्र कुमार, रंगकर्मी संजय ऋतुराज, अभिषेक कुमार, राजीव रंजन राय, दीपक ज्योति, उपासना समय के सम्पादक पी एन श्रीवास्तव, आकाश न्यूज से बी आर मौर्या, छात्र संसद के संपादक रितु श्रीवास्तव वगैरह लोग आपन बात राखल।
जनजागरण अभियान आजु प्रधानमंत्री कार्यालय अउर गृह मंत्री कार्यालय के एह बाबत एगो ज्ञापनो सँउपलसी।

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up