बसंत पंचमी के शुभ अवसर पर भोजपुरी समाज दिल्ली, शाखा: आई. एन. ए. कालोनी, नयी दिल्ली हर साल का तरह एहु साल 28 जनवरी 2012 क दिने आई एन ए कालोनी क सामुदायिक भवन में भव्य सरस्वती पूजन समारोह के आयोजन कइलसि.
दिनांक 28 जनवरी के मॉं सरस्वती के मूर्ति स्थापना के साथ शुरू आ दिनांक 29 जनवरी के यमुना में मूर्ति विसर्जन का साथे पूरा भइल एह उत्सव में भारतीय विमानपत्तन प्राधिकरण के क्षेत्रीय कार्यपालक निदेशक अनुज अग्रवाल सपरिवार उपस्थित भइलें. एह अवसर पर भोजपुरी समाज, दिल्ली के अध्यक्ष अजीतो दुबे ओहिजा अइलें आ समाज के हर वर्ग के लोगन के बसंत पंचमी के हार्दिक शुभकामना दिहलें. एह पूरा अवधि में पूजा-स्थल पर लगातार भजन-कीर्तन चलत रहे आ भजन-कीर्तन के स्वर से पूरी कालोनी गुंजायमान होत रहे. भारतीय विमानपत्तन प्राधिकरण में वरिष्ठ प्रबंधक के पद पर कार्यरत रंजना भूषण आ उनुका सहेलियन के प्रस्तुति भजन संध्या कार्यक्रम एह पूरे आयोजन में चार चांद लगा दिहलसि. एह अवसर पर भोजपुरी समाज दिल्ली के सदस्यन का साथे-साथ कालोनी के दोसरो निवासी बड़हन संख्या में शामिल भइलें.
भोजपुरी समाज दिल्ली, शाखा: आई एन ए कालोनी के महासचिव विनय कुमार सिंह ई जानकारी दिहलें कि भोजपुरी समाज दिल्ली, शाखा: आई. एन. ए. द्वारा मॉं सरस्वती पूजनोत्सव के अवसर पर आयोजित होखे वाले कार्यक्रमन के कड़ी में होखे वाला बौद्धिक अउर सांस्कृतिक कार्यक्रमन के तहत 5 फरवरी 2012 के दिने आई. एन. ए. कालोनी में बड़हन पैमाने पर निबंध लेखन, चित्र कला अउर एही तरह के अनेके प्रतियोगिता क़े आयोजन कइल जाई.
सरस्वती पूजन समारोह में भोजपुरी समाज दिल्ली, शाखा: आई. एन. ए. के महासचिव विनय कुमार सिंह आ पदाधिकारियन अउर सदस्य रामजीत शाह, मंगल सिंह, संजीव झा, विभूति झा, अरविन्द मेहता, देवांश मणि, राजेश कुमार, संतोष यादव, शेखर, बनारसी त्रिपाठी, अजय दुबे, शैलेश कुमार, श्याम ठाकुर, राम सुमेर यादव, के के प्रजापति, राजेश कुमार, मनीष कुमार, बबीता झा, हसिमुददीन, शमीम अहमद, गणेश ठाकुर आ देवकांत पाण्डेय वगैरह अपना अथक प्रयास से सफलता दिअवले.
0 Comments