साथ साथ चले के बा हमनी के : मिल के लिखलन ओबामा आ मोदी

by | Sep 30, 2014 | 0 comments

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के स्वागत करत अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा. पूछलन 'केम छो मि॰ प्राइम मिनिस्टर'.

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के स्वागत करत अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा. पूछलन ‘केम छो मि॰ प्राइम मिनिस्टर’.


लोकतंत्र, आजादी, अनेकता, आ उद्यम खातिर समर्पित दू गो देश भारत आ अमेरिका का बीच बहुते कुछ समिलात बा. मानव इतिहास के हमनी दुनू देश सकारात्मक राह देखवले बानी जा आ हमनी के समिलात कोशिश, हमनी के सहज आ अनूठा जोड़ीदारी आवे वाला बहुते बरीसन ले अंतर्राष्ट्रीय सुरक्षा आ शान्ति बनावे में सहायता दे पाई.

अमेरिका आ भारत के बीच के संबंध न्याय आ बरोबरी खातिर हमनी के दुनू देशन के लोग के समहर इच्छा का चलते बा. साल 1893 में जब स्वामी विवेकानन्द हिन्दूत्व के वर्ल्ड रिलीजन का रूप में पेश कइलन त ई काम उ अमेरिका के शहर शिकागो में कइलन. जब मार्टिन लूथर किंग जूनियर अफ्रीकन अमेरिकन का खिलाफ होखेवाला भेदभाव आ पूर्वग्रह का खिलाफ खड़ा भइले तब ऊ भारत के महात्मा गाँधी से दिहल शिक्षा का असर में आ के कइलन. आ खुद गाँधीजी हेनरी डेविद थोरू के विचारन से आपन विचार गढ़े में सहायता लिहलन.

राष्ट्र का रूप में हमनी का अपना नागरिकन के विकास खातिर दसियन बरीसन से सहकार कइले बानी जा. भारत के लोग हमनी के सहकार के बरियार नींव के याद रखले बा. हरित क्रांति से उपजल अन्न उत्पादन में भइल बढ़ोतरी आ भारत के आईआईटी एह सहकार से मिलल परिणाम में खास बा.

आजु हमनी के जोड़ीदारी मजबूत, भरोसाजोग आ टिकाऊ बा अउर ई पसरल जात बा. हमनी के संबंध पहिलहूँ से बेसी दुतरफा सहकार देखत बा आ ई खाली संघराष्ट्र के स्तरे पर नइखे राज्य आ स्थानीय स्तर ले आ सेना, निजी उद्यम आ नागरिक समाजो ले चहुँपत बा. साँच कहीं त अतना कुछ हो चुकल बा कि साल 2000 में अटल बिहारी बाजपेयी कहले रहन कि हमनी का सहज मीत हईं जा.

एह बढ़त सहकार के कई बरीस का बाद कवनो दिने हमनी के विद्यार्थी संगे मिल के शोध करत, हमनी के वैज्ञानिक संगे मिल के बहुते आधुनिक तकनीक विकसित करे में, आ बड़का अधिकारी मिल बइठ के दुनिया के मुद्दा पर विचार करत मिल जइहें. हमहन के सेना जमीन पर, आसमान में, समुद्र में मिल जुल के अभ्यास करत रहेलें. आ धरती से मंगल ग्रह तक चहुँपावे में हमहन के अंतरिक्ष कार्यक्रम के सहभागिता त अभूतपूर्व बा. आ एह जोड़ीदारी का बीच भारतीय अमेरिकन समुदाय दुनू देशन का बीच जिन्दा आ सक्रिय पुल बन के मौजूद बा. आ एकरा मिलल सफलता हमनी दुनू देशन के लोग के जानदार संबंध, अमेरिका के खुला समाज के अमूल्यता, आ मिल के हमनी दुनू देश का कर सकीलें एह सभ के सबले साँच झलक ह.

एकरा बावजूद, हमनी के आपसी संबंध अबहियों आपन पूरा ऊँचाई ले नइखे चहुँपल. भारत में नयका सरकार संबंधन के गहराई आ पसार देबे के सहज अवसर बन के आइल बा. फेरू ताकत पवले हमहन के अभिलाषा आ बढ़ल भरोसा से हमनी का साधारण आ पारंपरिक लक्ष्य का पार जा सकीलें जा. समय आ गइल बा कि हमनी का नया एजेन्डा बनाईं जा जवना से हमनी के नागरिकन ला मजबूत फायदा चहुँप सके.

ई एजेन्डा वइसन होखी जवन दुतरफा लाभ ला व्यापार, निवेश, आ भारत के विकास के महत्वाकांक्षी एजेन्डा के समरस करे वाला तकनीक का क्षेत्र में सहकार के सहज राह खोजे आ साथही दुनिया के बढ़न्ती के इंजन का रूप में अमेरिका के अउरो स्थापित कर सके. आजु जब हमनी का वाशिंगटन में मिलब जा तब हमनी का ओह राहन का बारे में चरचा करब जा जवना से मैनूफेक्चरिंग के बढ़ावा मिलो आ फेर से नया कइल जा सके वाला उर्जा के सहज आ सुलभ बनावल जा सके, साथही हमनी के पर्यावरणो के सुरक्षो मजबूत होखो.

हमनी का चरचा करब ओह राहन का बारे में जवना से अपना बेसिक सेवा के उपलब्धता,भरोसापन आ गुण खास क के गरीब नागरिकन ला सुधारे का काम में लागल भारत आ अमेरिका बीच के व्यापार, वैज्ञानिकन आ सरकारन का बीच सहकार बढ़ सको. एह काम ला अमेरिका पूरा से तइयार बा सहयोग करे ला. एह बारे में तुरत काम करे वाला बात बा “स्वच्छ भारत” अभियान जवना ला अमेरिका अपना निजी क्षेत्र आ नागरिक समाज के नया खोज, अनुभव आ तकनीक के इस्तेमाल सगरी भारत में सफाई आ स्वच्छता खातिर करी.

अमेरिका के वाशिंगटन पोस्ट खातिर अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा आ भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के साझा संपादकीय के भोजपुरी अनुवाद.


(Full text in Bhojpuri of the joint edit of Narendra Modi and Barak Obama written for Washington Post.)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up