सिंगापुर में भोजपुरी के अलख जगावत कार्यक्रम

by | Jun 25, 2011 | 6 comments

Sugrim Mishra felicitating Rakesh at Singaporeहालही में सिंगापुर में आयोजित भोजपुरी सोसायटी के कार्यक्रम में समिति का आमंत्रण पर शामिल होखे गइल गोरखपुर के रहे वाला आ भोजपुरी के मशहूर गायक राकेश श्रीवास्तव भोजपुरी गीत आ भजन के गायकी से सिंगापुर में बसल पूरबिया लोगन के मंत्रमुग्ध करके लवटल बाड़े.

लवटला का बाद राकेश श्रीवास्तव बतवले कि सिंगापुर में पूर्वाचल के लाखों भोजपुरिया लोग अपना सांस्कृतिक संगठनन का माध्यम से भोजपुरी संस्कृति के अलख जगा के रखले बाड़े, ऊ लोग विदेश में रहला का बावजूद अपना भोजपुरी संस्कृति से नेह लगवले रखले बा. राकेश श्रीवास्तव के गायकी भोजपुरी सोसायटी, श्री लक्ष्मी नारायण मन्दिर, आर्यसमाज मन्दिर में आइल सभकर दिल जीत लिहलसि. सिंगापुर उत्तर भारतीय हिन्दू महासभा के 90 वें वार्षिकोत्सव आ गीता जयन्ती का अवसर पर एगो विशेष कार्यक्रम के आयोजन भइल जवना में राकेश पूरबी आ होली गीत पेश कर के खूब वाहवाही बिटोरले.

श्री लक्ष्मी नारायण मन्दिर में सुप्रसिद्व मानस मर्मज्ञ जगतगुरु रामभद्राचार्य जी राकेश के मानपत्र देके सम्मानित कइले. साथही भोजपुरी सोसायटी सिंगापुर के अध्यक्ष सुग्रीमो मिश्र राकेश के एगो स्मृति चिन्ह प्रदान करत सम्मनित कइले.

राकेश श्रीवास्तव का टीम के सदस्य आर्गन वादक कन्हैया श्रीवास्तव, ढ़ोलक वादक विजय नाथ मिश्रा, तबला वादक उत्तम प्रसाद मिश्रा आ पैड वादक कमल श्रीवास्तवो के स्मृति चिन्ह देके सम्मानित कइल गइल.

Loading

6 Comments

  1. SUMAN

    बहुत -बहुत बधाई .

  2. santosh patel

    badhaee

  3. amritanshuom

    राकेश श्रीवास्तव जी के साथे-साथे टीम के सब सदस्य लोगन के बहुत -बहुत बधाई .

    ओ.पी.अमृतांशु

  4. malay mishra

    Rakesh g aapko bhaut bhaut badhai ho

  5. प्रभाकर पाण्डेय

    बहुत-बहुत बधाई भाई राकेश श्रीवास्तवजी के। जय भोजपुरी।।

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up