"सुरों का महासंग्राम" खातिर लखनऊ में ऑडिशन 3 जनवरी के

by | Jan 2, 2012 | 4 comments

– प्रशांत निशांत

भोजपुरिया गीत गवनई के शौकीन लोग का मन में आपन खास पहिचान आ जगहा बना चुकल ‘‘महुआ टी. वी.’’ अब भोजपुरिया सुरवीरन खातिर ‘‘सुर संग्राम’’ के भारी सफलता का बाद ‘‘सुरों का महासंग्राम’’ ले के आवत बा.

“सुरों का महासंग्राम” में अबकी बिहार, झारखण्ड आ उत्तर प्रदेश के उभरत गायक गायिका लोग का बीचे गवनई के जंग मची. तीन जनवरी से एह शो खातिर प्रतिभागी चुने के काम लखनऊ से शुरू होखे जा रहल बा. लखनऊ में ऑडिशन राउण्ड के जगहा तय भइल बा स्वयंवर मैरिज हॉल, भवानी बाजार, गोल चौराहा, जानकीपुरम, लखनऊ.

एह ऑडिशन में मशहूर संगीतकार जोड़ी सतीश-अजय के अजय, महुआ टी. वी. के विनीता उपाध्याय आ अभिषेक प्रतिभागियन के चयन करीहें. एह आ एकरा बाद के बाकी जगहा के ऑडिशन में शामिल होखे खातिर उमिर के सीमा बान्हल गइल बा चौदह साल से तीस साल का बीच.

आडिशन में शामिल होखे खातिर प्रतिभागियन के आपन आवासीय प्रमाणपत्र, उमिर के प्रमाण पत्र आ दू गो पासपोर्ट साइज फोटो का साथे आपन रजिस्ट्रेशन करवावे के पड़ी. रजिस्ट्रेशन आडिशन स्थले पर कइल जाई. आवासीय प्रमाणपत्र बिहार, झारखण्ड भा उत्तर प्रदेश के होखे के चाहीं.

पहिला राउण्ड में चुनइला का बाद प्रतिभागियन के फेरू फाइनल राउण्ड पार करे के पड़ी.

Loading

4 Comments

  1. saurabh sawariya

    jai bhojpuri samaj ki jai
    bahut badhiya bat ba
    bhaiya agli baar ek chance hamke bhi
    8853122965

  2. NIRAJ

    patna me sur sangram ke audition kaha hoi. full address bata deti ta humhu shamil hokhti.

  3. amritanshuom

    बहुत ख़ुशी के बात बा आउर ‘‘महुआ टी. वी.’’ के धन्यवाद बा .

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up