टटका खबर : 28 दिसम्बर 2016

by | Dec 28, 2016 | 0 comments

आजु के फोटो

(तिरुपते के श्रीवारी मन्दिर में पूजा करे अइलन राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी)


रद्द हो चुकल नोटन के अपना लगे राखल अब अपराध मानल जाई आ अइसन करेवालन के ओकरा तगे मिलल नोट से दस गुना भा कम से कम दस हजार रुपिया के जुर्माना भरे के पड़ी. अधिका से अधिका अइसनका कुल दस गो नोट राखल जा सकेला. रद्दी नोटन के बैंक में जमा करे के अब दूइये गो दिन बाटल बा.

चार गो सरकारी दवा कम्पनियन के केन्‍द्रीय मंत्रिमंडल का तरफ से इजाजत मिल गइल बा कि आपन बकाया भुगतान करे ला फालतू पड़ल जमीन बेच सकीहें. एह कमंपनियन के नाम ह – हिन्‍दुस्‍तान एंटीबायोटिक्‍स लिमिटेड, इंडियन ड्रग्‍स एंड फार्मास्‍युटिकल्‍स लिमिटेड, राजस्‍थान ड्रग्‍स फार्मास्‍युटिकल्स लिमिटेड, अउर बंगाल कैमिकल्‍स एंड फार्मास्‍युटिकल्‍स लिमिटेड.

अटल बिहारी वाजपेयी की सरकार के दौरान देश के गृह सचिव रहल आ संघ के स्वंयसेवक अनिल बैजल के दिल्ली के नयका उप राज्यपाल बनावल गइल बा. नजीब जंग के इस्तीफा क बाद ई पद खाली हो गइल रहल ह. राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी बैजल के तैनाती के आपन मंजूरी दे दीहले बानी. 70 वर्षीय के बैजल 1969 बैच के आई ए एस अधिकारी हउवें आ सरकार में कई एक महत्व वाला पद सम्हार सुकल बाड़न.

कवनो दल से गठबनिहन ला बनावे के बात कहत उत्तर प्रदेश में सत्ता जलावत समाजवादी पार्टी के मुखिया मुलायम सिंह यादव बुध का दिने विधानसभा चुनाव खाति 325 गो उम्मीदवारन के सूचीओ जारी क दिहलन. एहमें से 175 जने मौजूदा विधायक हउवें. बाचल 78 गो सीट ला उम्मीदवारन के सूची बाद में जारी करे के बात कहलन. एहसे पहिले मुख्यमंत्री आपन सूची भेजले रहलन जवना में मार सौ तीनो सीटन ला नाम दिहले रहलन. मुलायम सिंह यादव वाली सूची से साफ हो गइल कि मुख्‍यमंत्री अखिलेश यादव के भेजल सूचा के ऊ रद्दी के टोकरी में फेंक दिहले बाड़न. शिवपाल यादव अबहीं गदगद बाड़न बाकि अखिलेश के पलटवार पर सभकर नजर गड़ल बा.

चारा घोटाला में सजा भुगतत बाकि जमानत पर घूमत राजद अध्‍यक्ष लालू प्रसाद यादव आजु पटना में नोटबन्दी का खिलाफ धरना पर बइठलन बाकि ना त कांग्रेस से केहु पँहुचल ना जदयू से.

उत्तर प्रदेश के कानपुर देहात जिला में रूरा का लगे सियालदाह-अजमेर एक्सप्रेस रेलगाड़ी के बेपटरी हो गइला से भइल हादसा में 62 जने घवाहिल हो गइलन. हादसा का बाद से कानपुर दिल्‍ली खंड पूरा तरह से ठप हो गइल आ सैकड़न बाड़ियन के आवाजाही रुक गइल बा.

यूपी के राज्यपाल राम नाईक के संस्मरणन पर आधारित किताब ‘चरैवेति! चरैवेति!!’ के उर्दू संस्करण पर आज लखनऊ विश्वविद्याल. में एगो संगोष्ठी के आयोजन भइल. एह मौका प कई उर्दू विद्वानन के कहना रहल कि उर्दू के विश्वविद्यालय स्तर पर उचित मान दिआवल जाव.

टाटा संस के कार्यकारी अध्यक्ष रतन टाटा बुध का दिने राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ प्रमुख मोहन भागवत से एकांत में करीब आधा घंटा ले बतियवलें. एह मुलाकात में का बात भइल एकरा बारे में कवनो जानकारी नइखे दिपल गइल.

वाराणसी के ऐतिहासिक दशाश्वमेध घाट पर होखे वाला “गंगा आरती” में बुध का दिन से ‘कैशलेस’ दान सकारे के इन्जाम चालू हो गइल बा.

मिर्जापुर जिला के मड़िहान इलाका के जग्गनपुर मजरा में बुध का दिने आटा चक्की का पट्टे में फंसला के चलते एगो औरत के मौत हो गइल.

महराजगंज जिला से सटल भारत-नेपाल सीमा का नियरा से आजु कस्टम अधिकारी एगो थाई औरत के साढ़े तीन लाख के करेन्सी का साथे ध लीहले. एहमें नया पुरान दुनू तरह के नोट रहुवे.

भदोही के शहर कोतवाली इलाका में मोटरसाइकिल सवार बदमाश बैंक से पैसा निकाल के घरे जात एगौ म्हरारी से बीस हजार रुपिया लूट के फरार हो गइले

वाराणसी के लंका इलाका से बुध का दिने दू गो वन्य जीव तस्करन के गिरफ्तार क के ओकना का लगे से करीब दू हजार जिंदा कछुआ बरामद कइल गइल.

मऊ के घोसी कोतवाली के एगो आदमी का खाता में केहू 15 लाख रुपिया जमा क दीहल जवना से परेशान हो के खाताधारक आयकर विभाग का तगे एकर शिकायत कइले बा.

बिहार के सारण जिला के भगवान बाजार इलाका में बुध का दिने ब्रह्मपुर मुहल्ला का लगे एगो ट्रक से कचरा के दू आदमी के मौत हो गइल.

पश्चिम चंपारण जिला के अलग-अलग इलाकन नेपाली चरस , गांजा ,पिस्तौल आ बहुते शराब बरामद क के पुलिस दू गो तस्करन के ध लिहलसि.

अपना इलाका के खबर रउरा सभे अपना WhatsApp से 7572088872 पर भेज सकीलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up