अक्षरा कहली खेसारी से कि, "ठोक देब"

aksharaभोजपुरी में ठोक देब के मतलब होला गोली मार देब. जब कवनो लड़िकी ई बात कहे त मतलब साफ़ बा कि या त ऊ दबंग हियऽ भा ओकरा माथ पर कवनो दबंग के हाथ बा. चर्चित भोजपुरी अभिनेत्री अक्षरा सिंह आजु काल्हु अइसहीं ठोके लागल बाड़ी. करस त का? काहेंकि ऊ एही नाम के एगो फिलिम “ठोक देब” में नजर आवे वाली बाड़ी.

यश एंड राज इंटरटेनमेंट के बैनर तले मधु सिंह के परोसल एह फिलिम के निर्मात्री हईं जे . नीलम आ नरिंदर कौर ( सिमरन). फिलिम के निर्देशक हउवें अजय कुमार. फिलिम में अक्षरा के नायक बाड़न खेसारी लाल यादव आ साथे बाड़न हैदर काजमी, दिव्या दवेदी , बिपिन सिंह, बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, नवोदित सुजीत गुप्ता अउर नीलिमा सिंह.

एह फिलिम के एगो अउर खासियत बा कि एहमें नीलिमा सिंह एगो खतरनाक खलनायिका बनल बाड़ी.

गीत संगीत, रोमांस आ एक्शन के जबरदस्त तड़का वाला एह फिलिम के शूटिंग एही महीना शुरू होखे वाला बा. संगीतकार बाड़े एस . कुमार.


(उदय भगत)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up