सिनेमा भोजपुरी के जानल मानल अदाकारा आ फिलिम के सफलता के गारंटी मानल जाए वाली अभिनेत्री अक्षरा सिंह एक बेर फेरू गायक अभिनेता पवन सिंह संगे नजर आवेवाली बाड़ी. एह जोड़ी के एह से पहिले बजरंग में देखल गइल रहे आ अब देखल जाई “बनारसवाली” में.
आराधना सिने विजन के बैनर तले निर्माता आ निर्देशक शशि दुबे के एह फिलिम में अक्षरा सिंह केंद्रीय भूमिका में बाड़ी. बतावे जोग बा कि अक्षरा के कैरियर रविकिशन संगे फिलिम “सत्यमेव जयते” से शुरू भइल रहे. अक्षरा सिंह के हालिया रिलीज़ फिलिम “एक बिहारी सौ पे भारी” आ “कालिया” बॉक्स ऑफिस पर निकहा बिजनेस बिटोरली सँ. एहसे पहिले “बजरंग” फिलिमो हिट साबित भइल रहे.
अबहीं “बनारसवाली” प्री प्रोडक्शन दौर में बा बाकिर जल्दिए ई फ्लोर पर जाई. एही फिलिम का तरह एगो अउर महिला प्रधान फिलिम में अक्षरा के केन्द्रीय भूमिका में अनुभव मोशन पिक्चर्स साइन कइले बा.
(उदय भगत)
196 total views, 4 views today