भोजपुरी के सबले बड़का निर्माता अभय सिन्हा अब भोजपुरी परदा पर प्रेम कहानी वाली फिलिम ‘एक दुजे के लिए’ लेके आवत बाड़न. अभय सिन्हा क एह फिल्म में भोजपुरी के दू गो सुपरस्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ आ पवन सिंह बाड़े. एकर निर्माण अभय सिन्हा आ हिन्दी फिल्म निर्माता टी०पी० अग्रवाल मिलके कइले बाड़न. यशी फिल्मस् प्रा०लि० आ कैपिटल फिल्मस् प्रा०लि० के बैनर में बनत एह फिल्म के निर्देशक अनिल अजिताभ हउवें. दक्खिन भारतीय अभिनेत्री मधु शर्मा, एहसान खान आ संगीता रमन के मजगर भुमिका बा एहमें.
भोजपुरी परदा पर हमेशा एक से बढ़कर एक सामाजिक, पारिवारिक फिलिम देबे वाला अभय सिन्हा के पूरा भरोसा बा कि ‘एक दुजे के लिए’हर वर्ग के दर्शकन के नीक लागी.
(प्रशांत निशांत के रपट)
264 total views, 4 views today