भोजपुरी सिनेमा के सबले सफल निर्माता आलोक कुमार अब भोजपुरी के अबही तकले के सबले बड़हन फिल्म ’गंगा जमुना सरस्वती’ से भोजपुरी परदा छाप लेबे के तइयार हो गइल बाड़न. एह फिल्म ’गंगा जमुना सरस्वती’ में पहिला बेर भोजपुरी सिनेमा के तीनों बड़का सुपर स्टार, मनोज तिवारी ‘मृदुल’, रवि किशन आ दिनेशलाल यादव निरहुआ, एक साथे नजर अइहें. अतने ना एह फिल्म में पहिला बेर सिनेमा भोजपुरी के तीन गो बड़की नायिको लोग, रानी चटर्जी, रिंकू घोष आ पाखी हेगड़े, एक साथे नजर अइहें.

एह फिल्म में टीनू वर्मा, अवधेश मिश्रा, अनुप अरोड़ा, विजयकृष्ण चतुर्वेदी, अखिल तिवारी अउर आईटम क्वीन सीमा सिंह के मजगर किरदार बा. प्रस्तुत करत बिया यशी फिल्म् का साथे मिल के संयोगिता फिल्मस. अभय सिन्हा के एह फिल्म के लेखन-निर्देशन कइले बाड़ें मशहूर निर्देशक हैरी फर्नांडिस.

तीन करोड़ के लागत से बनल एह फिल्म के पूरा तरह से व्यावसायिक फिल्म बतावत बाड़ें आलोक कुमार आ उनकर कहना बा कि ई फिलिम दर्शकन के भरपूर मनोरंजन करत तीनो घंटा बन्हले रही. फिल्म के शूटिंग 45 दिन में पूरा कर लिहल गइल आ एहमें सबले बेहतरीन एक्शन स्टंटस् के दीदार होखी दर्शकन के.

गीतकार प्यारेलाल यादव अउर एस, कुमार, संगीतकार राजेश रजनीश, एक्शन मास्टर आर.पी. यादव, कार्यकारी निर्माता विकास कुमार हउवें.

फिल्म पूरा देश में एक साथ 15 अगस्त से रिलीज कइल जाई.


(प्रशांत निशांत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: