साईं सागर इंटरटेन्मेंट प्रस्तुति ‘ओढनिया धमाल करेला’ के डबिंग आयुष स्टूडियों में पूरा करा लिहल गइल बा. फिल्म के निर्माता डी. के. शाह आ निर्देशक सत्तार मिर्जा हउवे. एह फिल्म में आठ गो गाना बाड़ी स, जवना के संगीत सजवले बाड़े बाबा जागीरदार. पटकथा आ संवाद रमेश तिवारी के लिखल ह. फिल्म पूरा तरह से पारिवारिक हवे आ लव स्टोरी पर बनावल गइल बा जवना में एक्शन, कामेडी से भरपूर मनोरंजन दिहल गइल बा.

मुख्य भूमिका में दिलीप कुमार, सुमन झा, किरन कुमार बृजेश त्रिपाठी, पिंकी चौधरी आ रमेश गोयल बाड़े.

एह फिल्म अगिला महीना धमाल मचावे आवे वाली बिया.


(दिनेश यादव के रपट से)

 302 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: