यूपी बिहार के असली रंगबाज हैदार काजमी पिछला दिने फेर आपन रंगबाजी देखवलन जब जहानाबाद में पहिला बेर कवनो फिलिम के शूटिंग भइल. फिल्म रहल “कालिया” आ एकरा शूटिंग खातिर काजमी कवनो विशेष सुरक्षा ना लिहलन. तीस दिन ले डेढ़ सौ लोग के यूनिट बिना कवनो डर फिकिर के शूटिंग कइलसि आ शूटिंग पूरा करा के हैदर काजमी अपना यूनिट का साथ वापिस भइलन.

बिहार के अपराध जगत पर बनत ई फिल्म ‘कालिया’ खातिर हैदर काजमी आ निर्देशक शिवराम यादव पूरा उत्साह में बाड़े. फिलिम जल्दिये रिलीज होई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: