‘काहे कईलऽ हमसे घात’ रिलीज भइल

by | Apr 22, 2012 | 0 comments

रीगल थिएटर का बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘काहे कईलऽ हमसे घात’ पिछला हफ्ता बिहार के ३५ गो आ मुंबई के २५ गो सिनेमाघर में रिलीज भइल.

फिल्म के कहानी रानी चटर्जी से शुरु होखत बा जे गर्ल्स हॉस्टल में रहेली आ मारधाड़ में माहिर हई. अपना एह गुण का बदौलत ऊ गुण्डन से अझूरात रहेली. गुण्डा सब के ई गैंग भोली भाली लड़िकियन के फँसा के अश्लील वीडियो बना लेला आ बाद में ओकनी के शोषण करत रहेला. रानी एह गुण्डन से टकरात बाड़ी आ एह काम में राजन नाम के एगो लड़िका ओकर साथ देत बा, राजन के बहादुरी देख रानी ओकरा से प्यार करे लागत बाड़ि. बाकिर बाद में उनुका सदमा लागत बा जब पता चलत बा कि राजन ओह गुण्डन के सरदार के भाई हऽ. फेर त ओकरा राजन से नफरत हो जात बा. ओकरा बाद का होखत बा, इहे देखावल गइल बा एह फिलिम में.

एह फिलिम में रानी चटर्जी के अभिनय कमाल के बा आ उनुकर एक्शन सीन दर्शकन के आकर्षित करत बा. विराज भट्ट अपना भूमिका से पूरा न्याय कइले बाड़न आ खलनायक के रूप में राजप्रेमी के काम सराहे जोग बा.

निर्माता मुन्ना रिजवी, निर्देशक संगीत कुमार, संगीतकार राज सेन, गीतकार एस. कुमार, कैमरामैन रवि चंदन, नृत्यनिर्देशक एंथोनी, संवादलेखक मनोज के. कुशवाहा आ सह-निर्माता शिवा चौधरी अउर कमर कुरैशी हउवें. कलाकारन में रानी चटर्जी, विराज भट्ट, राज प्रेमी, बृजेश त्रिपाठी, सूर्या, सी.पी. भट्ट, मेहनाज, अयाज खान, के.के. गोस्वामी, राम मिश्रा, रानी खान, डा. अभय आशियाना प्रमुख भूमिका में बावे लोग. आयटम सांग पुर्णिला राय कइले बाड़ी.


(समरजीत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up