भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ पुरान क्रिकेट प्रेमी हउवें. पिछला दिने ऊ हैदराबाद में आपन शूटिंग रोक के मुंबई के वानखेडे स्टेडियम में विश्वकप क्रिकेट फाइनल देखे चहुँपल रहलें आ दिन भर रह के मैच के आनन्द लिहलें. जीत का खुशी में फेर भर रात मस्ती कइलें आ जीत के भरपूर आनन्द लिहलें. गौर करे वाला बात बा कि पिछला दिने होली पर निकलल निरहुआ के म्यूजिक अलबम में भारतीय टीम के हौसला अफजाई खातिर “दे द होली के त्योहारी वर्ल्ड कप ए धोनी” गाना गवले रहलें जवना पूरा वर्ल्ड कप का दौरान भोजपुरी क्रिकेट प्रेमियन में जोश भरत रहल.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: