SamarthChaturvedi“धन्यवाद बा ओह निर्माता-निर्देशकन के जे हमरा के नायक खलनायक ना बलुक एगो सफल कलाकार के रूप में देखेलं आ हमरा के अपना फिलिमन में मजगर किरदार ला चुनेलें.” ई कहना ह चर्चित अभिनेता समर्थ चतुर्वेदी के जे “बलमा बड़ा नादान” से बतौर नायक आपन फ़िल्मी कैरियर शुरु कइले रहले.

अनेके फिलिमन के नायक रह चुकल समर्थ चतुर्वेदी पिछला साल सुपर हिट रहल फिलिम “त्रिनेत्र” से बतौर खलनायक आपन दुसरका पारी शुरू कइलन आ आजु का तारीख में ऊ लगातार हिंदी आ भोजपुरी फिलिमन में व्यस्त बाड़ें. हालही में समर्थ “बीबी नम्बर वन” आ “टाईगर” फिलिम के शूटिंग पूरा कइले ह. दक्खिन के फिलिम बनावे के तारीफ करत समर्थ के कहना बा कि ओहिजा बहुते कुछ सीखे के मौका मिलल, काम में लगन आ लीक से हट के काम करे के अनुभव मिलल.

समर्थ चतुर्वेदी के हिंदी फिल्म “ज़िन्दगी जलेबी” जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. आ भोजपुरी फिलिमन में कंचन तन तुलसी मन गंगा, हवा में उड़ता जाय लाल दुपट्टा मलमल का, बीबी नम्बर वन, अउर टाईगर वगैरह बाड़ी स.


(अपना न्यूज़)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: