MP-ManojTiwari
हालही में भाजपा के नवीन शाहदरा जिला इकाई के बइठक जिला अध्यक्ष अनिल गुप्ता के अध्यक्षता में भइल जवना में दू गो प्रस्ताव पास कइल गइल.एक त कांग्रेस आ आ आ पा का खिलाफ जन आंदोलन शुरू करे के आ दोसर कि यमुना को साफ करे के. एह बइठक में मुख्य अतिथि रहलन उत्तर पूर्वी दिल्ली के सांसद मनोज तिवारी आ प्रदेश उपाध्यक्ष अभय वर्मो मौजूद रहले.

मनोज तिवारी कहलन कि कार्यकर्ते संगठन के नींव होखेले. इनके बल प चुनाव जीतल जाला. एहसे कार्यकर्ता प्रदेश के कार्यक्रम के राह ना देख सीधे जनता के बीच जासु आ पन्दरह साल ले दिल्ली में राज कइले कांग्रेस आ 49 दिन के आआपा सरकार के खिलाफ बिगुल फूंकसु.


(शशिकात सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: