GunjanPant-ILUआमतौर पर पहिले दू जने में प्यार होला, तब लोग एक दोसरा से कहलें “आई लव यू” आ फेर शादी होला. बाकिर सिनेमा भोजपुरी के स्टार अदाकारा गुंजन पन्त पहिले “सात फेरे” लेके शादी कइली फेरू कहली “आई लव यू” आ “भईल तोहरा से प्यार”. एह के बाद त रउरा समुझिए गइल होखब कि बात रियल लाइफ ना रील लाइफ के होखत बा.सुपर स्टार अभिनेता विनय आनन्द संगे गुंजन पन्त कई फिलिम कर चुकल बाड़ी. आ ओहमें एह दुनु के कई बेर शादियो हो चुकल बा. बाकिर अब जा के गुंजन विनय आनन्द संगे “भईल तोहरा से प्यार – आई लव यू” में आवत बाड़ी.

सिनेमैटोग्राफर आ निर्देशक शाद कुमार के निर्देशन में बनत एह फिलिम के निर्माता लेखक आ गीतकार हउवें धर्मेन्द्र कुमार मौर्य, आ नृत्य निर्देशक ज्ञान सिंह हउवें. कलाकारन में विनय आनंद आ गुंजन पन्त के अलावा राजीव दिनकर, सिमरन, उपासना सिंह, आनंद मोहन, लालमन सिंह, मेहनाज़ खान, देव मल्होत्रा, शम्भू प्रसाद, अभिलाषा, आ बेबी फ़ारिया वगैरह के नाम बा.

गुंजन पन्त के आवे वाली फिलिमन में लक्ष्मण रेखा, कोठा, यादव पान भंडार, आ राम लखन वगैरह बाड़ी सँ.


(अपना न्यूज)

Advertisements