‘गुलाब थियेटर’ के पोस्ट प्रोडक्शन प्रगति पर

by | Feb 8, 2012 | 0 comments


जफ़र इकबाल फिल्म्स का बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म “गुलाब थियेटर” के पोस्ट प्रोडक्शन मुंबई, म्हाडा के पी.एन.पी. स्टूडियो में तेजी से चल रहल बा.

“गुलाब थियेटर” एगो अइसन भोजपुरी फिल्म ह जवना में एगो लोक कलाकार के जिनिगी के अक्स देखावल गइल बा. देखावल गइल बा कि जब एगो प्रशिक्षित कलाकार जीवन के यथार्थ-रंगमंच पर चहुँपेला त ओकरा कवना कवना हालात के सामना करे पड़ेला. ई फिल्म गुलाब बाई नाम के एगो थियेटर कलाकार का जिनिगी से प्रेरित बा आ बनारस के ओही मशहूर लोक नृत्यांगना के समर्पितो बा.

एह फिल्म के कहानी में एगो नाजुक कलानेत्री आ एगो रफ-टफ ट्रक ड्राइवर के प्रेम कहानी बहुते खूबसूरती का साथ पेश करे के कोशिश कइल गइल बा. कुछ दिन पहिले एह फिल्म के 23 दिन के स्टार्ट टू फिनिश शूटिंग बिहार के हाजीपुर आ सोनपुर में करावल गइल रहे.

निर्माता मेंहदी हसन, लेखक-निर्देशक कमर हाजीपुरी, कैमरामैन, त्रिलोकी चौधरी, सह-निर्माता गुफरान अहमद नियाज, बबीता रिपु, अलमास अहमद, संगीतकार सी. वनवीर आ सतीश मुन्ना, गीतकार विरेन्द्र पाण्डे आ कमर हाजीपुरी. प्रमुख कलाकार विनय आनंद, कल्पना शाह, सुमीत बाबा, बृजेश त्रिपाठी, विजय खरे, क्षितिज प्रकाश, अर्जुन सिंह, इफ्तख़ार अहमद गुड्डू अउर आइटम गर्ल सीमा सिंह.


(समरजीत के भेजल रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up