VishalTiwari-broken-potsबिजनेस मैन से अभिनेता बनल विशाल तिवारी पिछला दिने फिलिम “लड़ाई” के एगो फाईट सीन में बहुते घवाहिल हो गइलें. एकरा बावजूद शूटिंग पूरा कइए के डाक्टर किहाँ गइलन. शूटिंग जहानाबाद में चलत रहे.

बक्सर, बिहार के मूल निवासी विशाल तिवारी बतौर फिल्म निर्माता “फूल बनल अंगार” से सिनेमा भोजपुरी इंडस्ट्री में डेग धइले रहले. ओह फिलिम में अपना टीम का दबाव में एगो छोटहन भूमिको कइले रहलन विशाल. ओकरा बाद कैमरा फेस करे के हिम्मत बढ़ल त फिलिम “भाई जी” से बतौर नायक सिनेमा के परदा पर अइलें आ अब सिनेप्रेमियन के पसंदीदा बन के अपने होम प्रोडक्शन फिलिम “लड़ाई” से फेरू सिने प्रेमियन से रूबरू होखे वाला बाड़ें. एगो सफल बिजनेस मैन होत फिलिम इण्डस्ट्री में पाँव जमावल खातिर वाकई काबिले तारीफ बाड़न विशाल तिवारी.


(अपना न्यूज)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: