चकाचक कर देली मोनिका सिंह बत्रा

by | Feb 19, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के गमर बाला मोनिका सिंह बत्रा कवनो फिल्मी पार्टी में चहुँप जास त कैमरा के मुँह उनुके ओर घूम जाला जेने से मोनिका बत्रा के आगमन होला. अइसने भइल पिछला दिने गोरेगांव का फिल्मिस्तान स्टूडियो का सोझा प्लेटिनम स्टूडियो में जहवाँ मोनिका बत्रा के फिलिम ‘सईंया अरब गईले ना’ के संगीतमय शुरुआत भइल. जइसहीं मोनिका बत्रा चहुँपली सगरी कैमरा के मुंह उनुके ओर घूम गइल, मौजूद वीआइपियन के छोड़ के. चकचोन्हर कर देबे वाला फ्लैश का बीच होड़ एह बाति के रहल कि मोनिका सिंह के इंटरव्यू के पहिले करी.

बतावत चलीं कि फिल्म ‘एलान बा’ में मेगा स्टार मनोज तिवारी का अपोजिट नायिका बनके आइल मोनिका बत्रा के नयकी फिल्म ‘सईंया अरब गईले ना’ के निर्माण अजीत श्रीवास्तव करत बाड़े आ निर्देशक हउवन यशवंत सिंह ‘यश’. फिल्म में मोनिका आ विक्रांत सिंह जोड़ी बावे.

मोनिका सिंह बत्रा के एगो अउरी भोजपुरी फिल्म ‘कसम तिरंगा के’ में मुख्य नायिका का किरदार में देखल जाई. एहमें मोनिका एक्शनो करीहे. बतावल जात बा कि मोनिका के अपोजिट एगो सुपर स्टार के साईन कइल जात बा.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up