‘चली ना जवनिया पे जोर राजा जी’ क मुहूर्त भइल

सिंहानिया क्रिएशन के बैनर तले बनत पवन सिंह स्टारर भोजपुरी फिल्म ‘‘चली ना जवनिया पे जोर राजा जी’ क मुहुर्त पिडला दिने धूम-धाम से मुंबई के अंधेरी (पश्चिम) में एम फोर यू स्टूडियो में विधायक आ गीतकार विनय बिहारी नारियल तोड़के कइलन. एह रोमांटिक आ कॉमेडी प्रधान फिल्म के शूटिंग जल्दिए मुंबई में कइल जाई.

फिल्म में कुल आठ गो गाना बा जवन सब के सब सुने में मीठ बाड़ी स. निर्माण करत बाड़े नीरज डी. गुप्ता आ प्रतिभा सिंह, निर्देशन शैलेश श्रीवास्तव करीहे. एह फिल्म में पहिला बेर पवन सिंह का साथे परी सिंहानिया नायिका बन के अइहें. परी सिंहानिया एहसे पहिले ‘कोख’ आ ‘दबंग मोर बालमा’ मे मुख्य किरदार कर चुकल बाड़ी. लेखक-गीतकार आ संगीतकार बाड़े विनय बिहारी.

फिल्म के मुख्य कलाकारन में पवन सिंह, परी सिंहानिया, अनिल पाठक, गोपाल राय, जय सिंह, देव सिंह, मंटू लाल, सोनिया मिश्रा, निलिमा सिंह आ अखिलेश राज के नाम बा.

मुहुर्त का एह मौका पर प्रिया कपूर, पुष्पा वर्मा, निलिमा सिंह, हरीश जायसवाल, हरीश गुप्ता, प्रदीप सिंह, राजकुमार आर. पाण्डेय, सपना, पायल सेठं समेत अनेके लोग एकरा टीम के शुभकामना देबे मौजूद रहल.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up