छा गइले राजीव दिनकर

भोजपुरी फिलिमन में छा गइल बाड़न राजीव दिनकर. दिनकर के फिल्म ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ मुंबई में हंगामा मचावत बिया. एहमें एगो मनचला नौजवान का में राजीव दिनकर पूरा जान डाल दिहले बाड़न जवना से ऊ लोगन के दिल पर छा गइल बाड़े. मुंबई के नवरंग सिनेमा में फिल्म के दर्शक राजीव दिनकर के किरदार देख नामे दे दिहलन ‘दिल फेंक नायक’. दरअसल एएह फिलिम में राजीव दिनकर अपना अजबे तरीका से दिल उछलत देखावत बाड़न आ लोग एही स्टाइल पर फिदा हो गइल बा. बहुते लोग फिलिम देखला का बाद राजीव दिनकर के बधाई दिहल.

राजीव दिनकर के अब तक जतना फिलिम प्रदर्शित भइल बाड़ी सँ सबके सब सुपर डुपर हिट रहल बा. जइसे कि ‘बलिदान’, ‘लाट साहब’, ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ आ अब एह साल के सबले बड़ हिट फिलिलम ‘सुगना’ एक बाति साबित कर दिहलसि कि राजीव दिनकर पर पूरा भरोसा कइल जा सकेला. ‘लाट साहब’ में राजीव दिनकर टपोरी टाईप कालेजिया बनल रहले त ‘बलिदान’ में एगो बागी सुभाव के कॉलेजिया नायक बनि के लोग के दिल जीत लिहले. अब ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ में राजीव दिनकर एगो लवर ब्वाय के भूमिका में कमाल कर देखवले बाड़े. उनुकर किरदार देखेवालन के हंसावत-हंसावत लोट पोट कर देत बा. अजय ओझा के बनावल आ निर्देशित फिल्म ‘सुगना’ में राजीव दिनकर एगो मजबूर भाई के भूमिका में लोगन के कुछ सोचे पर मजबूर कर देत बाड़े.

जबरदस्त अभिनेता राजीव दिनकर बढ़िया अभिनय में यकीन राखेले. उनुकर साफ कहना बा कि आवे वाला दिनो में ऊ सिर्फ चुनौतीएवाला भूमिका करीहें. राजीव के कहना बा कि उनुका खातिर कवनो भूमिका असंभव नइखे. एह साल दिनकर के अउरी चार गो फिलिम रिलीज होखे वाली बाड़ी स जवना में ‘प्राण जाई पर वचन ना जाई’ में एगो ज़िम्मेदार भाई आ ‘कबहू छूटे ना ई साथ’ में एगो रिक्शा ड्राईवर के भूमिका कइले बाड़न.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

Advertisements