bipin-singhखलनायक बिपिन सिंह फिलिम ” काण्ड” में काण्ड करत नजर अइहें. एगो रखवाला के किरदार में आइल बिपिन भक्षण करत नजर अइहें. बिपिन सिंह के कहना ह कि अभिनेता के अपना किरदार में डूब जाए के चाही जेहसे परदा पर ऊ अभिनेता ना बलुक किरदार नजर आए. लेखनी से किरदार के नया रूप दिहल जा सकेला बकिर ओकरा के जीवंत करे के जिम्मेदारी अभिनेते पर होला.

एह दिसम्बर में बिपिन सिंह तीन गो फिलिम के शूटिंग पूरा करे का कगार पर बाड़न. ई फिलिम हई सँ प्रतिघात, जय माँ मैहर वाली (हिंदी), अउर काण्ड. काण्ड के निर्देशक हउवें रमाशंकर जी.


(भोजवुड न्यूज)

Advertisements