सिनेमा भोजपुरी के महानायक कुणाल सिंह के पिछला दिने दिल्ली में आयोजित विश्व भोजपुरी सम्मेलन में भोजपुरी सिनेमा आ बिहार के छवि चमकावे में अतुलनीय योगदान देबे खातिर डॉ॰ जाकिर हुसैन सम्मान से सम्मानित कइल गइल. ई पुरस्कार कुणाल सिंह के मॉरीशस के उप प्रधानमंत्री के पत्नी आ मॉरीशस भोजपुरी इंस्टीच्युट के अध्यक्षा डॉ॰ सरिता बुद्धु का हाथे दिहल गइल. एह मौका पर लोकसभा स्पीकर मीरो कुमार मौजूद रहली.
(प्रशान्त निशांत के रपट से)