pub-4188398704664586

डा॰ सुनील के घायल योद्धा लड़े के तइयार हो गइल

by | May 17, 2011 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के चर्चित निर्माता आ बिजेम्पा अध्यक्ष डा॰ सुनील सिंह अपना नयका फिल्म “घायल योद्धा” ले के फेर धमाल मचावे खातिर तइयार बाड़न. विजय लक्ष्मी इंटरनेशनल का बैनर में बनल एह फिल्म में एगो औरत के बदला लेबे के कहानी बा. कहानी बा एगो अइसन खलनायक के जवना के पेशा ह गुन्डागर्दी आ कानून जेकरा आगा खिलौना ह. ओहि शहर में नियुक्त एगो ईमानदार एस॰पी॰ ओह खलनायक आरडीएक्स के लॉकअप में बंद करवा देता बा बाकिर आरडीएक्स छूट जात बा आ छूटला का बाद एस॰पी॰ के हत्या कर देता बा आ ओकरा बीबी से बलात्कार करत बा. उहे औरत बाद में बदला लेबे खातिर अपना बेटा अर्जुन के फौलाद बना देत बिया जे आरडीएक्स के सगरी साम्राज्य मटियामेट कर देत बा.

भोजपुरी सिनेमा में कुली, चाचा भतीजा, आ पिछला साल के सबले बड़ हिट फिल्म दामिनी दे चुकल डा॰ सुनील कुमार अपना एह नयका फिल्म से नायक बाबू शान आ नायिका रिया के पेश करे जा रहल बाड़न. बाकी कलाकारन में अपराजिता, पंकज कुमार, मिहिर दास, सुशील सिंह, अयाज खान, किटू, सुरेश दुबे, आनंद मोहन, प्रमोद गोस्वामी, मधु अलिशा चौधरी, आ शाहबाज खान शामिल बाड़े. निर्देशक हउवें बाली आ संगीतकार मधुकर आनन्द. श्याम देहाती आ प्यारे लाल यादव के लिखल एगारह गो गाना बा एह फिल्म मे. कहानी लिखले बाड़ै मनोज नारायण, कैमरा सम्हरले रवि चंदन, नचवले एंथोनी आ मारधाड़ करवले बाड़े रियाज सुल्तान.

फिल्म एही महीना रिलीज होखे जा रहल बा.
(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586