अनेके सफल फिलिम दे चुकल संजय पाण्डे अइसे त अबहीं ले अधिकतर खल-भूमिका कइले बाड़न. बाकिर पॉजिटिव-निगेटिव में उनकर पसंदीदा भूमिका कवन रहल? मौजूदा भोजपुरी फिलिम मेकिंग कइसन बा उनका नजर में? का ऊ अब हँसावे वाला किरदारो करत बाड़े? अइसनके कुछ सवालनके जवाब पिछला दिने उनुका से जानल चहनी. त पेश बा ओही बातचीत के कुछ खास अंश
संजय पाण्डेय जी, पिछला दिने आपके अनेके फिलिम रिलीज भइली सँ. आपके नजर में दर्शकन के रिस्पांस कइसन रहल?
बेशक! पिछला दिने हमार ‘बुलंदी’, ‘पागल प्रेमी’, ‘सौगंध गंगा मईया के’, ‘बजरंग’ अउर ‘दिल तऽ पागल होला’ वगेरह फिलिम रिलीज भइली सँ. जहाँ ले हमार अनुभव बा, एहनी सभ के यूपी-बिहार आ दोसरो टेरिटरियन में बढ़िया रिस्पांस मिलल. अलग-अलग कथानक वाली एह फिलिमन में हमरा किरदारो में नयापन रहल, एहसे दर्शको हमरा फिलिमन का साथे हमरा भूमिको के सरहले.
मानल जाला कि दर्शक जवना खलनायक से जतने अधिका नफरत करेले, ओह खलनायक के ओतने सफल कहल जाला. अब आप बताईं, दर्शक आपसे कतना नफरत करेलें आ कतना प्यार?
अरे! दर्शक हमरा से ना फिलिम में देखावल हमरा किरदार से नफरत करेलें. निजी तौर पर त दर्शक हमरा से बहुते प्यार करेलें, हमार इज्जत करेलें. साँच पूछीं त दर्शकन के एही चाहत आ प्यार का चलते हम आजु एह मुकाम ले चहुँपल बानी. उम्मीद करत बानी कि हमरा किरदारन से नफरत आ हमरा से दर्शकन के प्यार आवे वाला दिनो में बरक़रार रही.
अबले त अधिकतर खले भूमिका कइनी का अब पॉजिटिवो किरदार करत बानी? रउरा नीक का लागेला, पॉजिटिव कि निगेटिव?
देखीं, हम एगो अभिनेता हईं आ हमरा ला खास ई होला कि हमरा के जवने किरदार दिहल जाव तवने के जीवन्त कर दीं. ‘कर्जा माटी के’ फिलिम में हम पहिला बेर जगदीश शर्मा के संगे मेन विलेन के रूप में आइल बानी. ई एगो अइसन जुल्मी ठाकुर क भूमिका ह, जेकरा से सगरी गांव कांपेला. फिलिम ‘मजनूं मोटरवाला’ में हमार पॉजिटिव आ कॉमेडी टच वाली भूमिका बा. अब आवेवाली फिलिमन में हम निगेटिव के अलावा दोसरा भूमिका में नजर आएब. खास बात इहो बा कि हमार निर्देशको लोग हमरा के बस एगो विलेन के रूप में नइखे देखत, वर्सेटाइल एक्टर के रूप में देखत बा आ हमरा के हमेशा नया नया भूमिका दिहल जात बा. एहला हम सभे निर्माता-निर्देशकन के शुक्रगुजार बानी. अजीत श्रीवास्तव के निर्देशन में दिनेशलाल ‘निरहुआ’ अभिनीत एगो फिलिम में हम एकदम कॉमेडी भूमिका में बानी त विनय बिहारी के निर्देशन वाली फिलिम ‘प्यार मोहब्बत जिन्दाबाद’ में बढ़िया भूमिका में.
आप सबले बेसी कवना अभिनेत्री संग फिलिम कइले बानी? नायिका लोग आपसे खुश रहेला कि ना?
सबले बेसी फिलिम त रानी चटर्जी संगे कइले बानी आ रानी समेत सगरी अभिनेत्रियन से हमार बढ़िया संबंध बा. फिलिमि किरदार अलग बात होला बाकिर निजी संबंधन में बढ़िया समुझ होला हमनी के. वइसे हमार पसंदीदा अभिनेत्री रिंकू घोष हई.
सिनेमा भोजपुरी में एने कइसन बदलाव महसूस करत बानी?
देखीं, पहिले का तुलना में सिनेमा भोजपुरी में बदलाव त आइल बा. ई बदलाव एह साल 2012 में अधिका देखे के मिलल. एह चलते फिलिमन में फूहड़पन घटल बा आ निर्मतो-निर्देशक बेहतर प्रस्तुति पर धेयान देत बाड़ें, तकनीकीओ तौर पर हमनी के फिलिमन के स्तर सुधरल बा, डिजिटल तकनीक से फिलिमन के खूबसूरती बेसी निखरल बा. एह सबके बावजूद हमार मानना बा कि कथानको में नयापन आवे चाहीं, साथही योग्य-प्रतिभावान कलाकारन, तकनीशियन, निर्देशकन के मौका मिले चाहीं. अगर अइसन होखे त सिनेमा भोजपुरी अउरी तरक्की करी. वइसे जल्दिए मनचाहल परिणाम सामने आई.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)