दिनेश लाल यादव के अगिला फिलिम ‘कसम वर्दी के’

‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ फिलिम से रातेरात सुर्खियन में आइल निर्देशक दिनेश लाल यादव के अगिला फिलिम ‘कसम वर्दी के’ क शानदार मुहूर्त मुंबई के अंधेरी के शानदार स्टूडियो में कइल गइल. कहानी खुद निर्देशक दिनेश यादव के लिखल, पटकथा आ संवाद लालजी यादव के लिखल, गीत आर.आर. पंकज, यूसुफ साहिल अउर प्यारेलाल यादव के लिखल आ संगीत रचल ह मधुकर आनन्द के.

चन्द्र सिने फिल्म्स के बैनर तले एकर निर्माता हउवें शरद चन्द्र जायसवाल आ प्रस्तुतकर्ता आयुष्मान मेडियंट प्राईवेट लिमिटेड. दिनेश यादव के कहना बा कि ई फिलिम लीक से हट के बनी जवना के दर्शक पसंद करीहें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up