भोजपुरी फिलिम ‘मुन्ना पांडे’ के आइटम नंबर से भोजपुरी सिनेमा में आपन शुरूआत करे वाली पंजाबी कुड़ी ‘कोमल ढिल्लन’ के अदाकारी दर्शकन के खूबे भावत बा. इनकर लटका झटका लोग के बहुते नीक लागत बा. पंजाबी अलबम से शुरू हो के कई गो पंजाबी फिल्म आ सीरियल कइला का बाद कोमल भोजपुरी, मराठी, हरियाणवी, गुजराती आ छतीसगढ़ी भाषा के अनेके फिलिम कर चुकल बाड़ी. बाकिर उनुका भोजपुरी में कइल फिलिम बहुते पसंद बा. पिछला दिने कोमल ढिल्लन से भइल बातचीत के कुछ अंश एहिजा दिहल जात बा

हालही में रिलीज फिल्म ‘मल्ल युद्ध’ में अपने के अभिनय बहुते सराहल गइल. का कहब ?

निश्चित रूप से ई फिलिम बहुते बढ़िया बनल बा आ एहमें हमार किरदार अलगे तरह के बा. एगो लड़की के शादी के फैसला मल्लयुद्ध से होखत बा. ओकरा एगो आश्रम में रहे पड़त बा आ फेर आश्रम में कवना तरह के काम होखेला ओकर पर्दाफास होत बा. कुल मिला के फिलिम के पूरा टीम जम के काम कइले बा आ सभे सराहे लायक बा.

भोजपुरी फिलिमन में कइसे अइनी ?

हम पंजाबी फिल्म करर रहीं ओही समय मनोज तिवारी अभिनीत ‘मुन्ना पांडे………’ खातिर आइटम करे के मौका मिलल. हम कइनी आ दर्शको एकरा के पसंद कइले. ओकरा बाद ‘आपन भइल पराई’ में हम मुख्य भूमिका में अइनी.

पंजाबी होखला का बावजूद भोजपुरी से अतना लगाव काहे ?

अइसे त हम सगरी भाषा के फिलिम करल चाहीले आ भोजपुरी, पंजाबी, मराठी, हरियाणवी, गुजराती, छतीसगढ़ी भाषा में फिलिम कइलहु बानी. जइसे महतारी खातिर सभ बच्चा एके जइसन होखेला ओही तरह हमरा खातिर हर भाषा बरोबर बा. बाकिर भोजपुरी के बाते कुछ निराला बा. एकर गीत संगीत हमरा बहुते अच्छा लागेला काहे कि एहमें लटका-झटका बेसी होला. एही चलते आजु हमार अधिका फिलिम भोजपुरी के बा.

देख देखावे का बारे में आपके का सोच बा ?

देह देखावे का बारे में हम त इहे कहब कि अगर स्क्रिप्ट के डिमांड होखे त देहो देखावल अभिनय में जरूरी होला. बाकिर अगर बेमतलब देह देखाएब त ऊ वल्गर होखी. कहानी के डिमांड होखो त हमरो एह पर कवनो एतराज नइखे.

कवना तरह के किरदार कइल चाहीले ?

हम माधुरी दीक्षित के फैन हईं आ उनुके फॉलो करीले. बाकिर फरदीन खान, उर्मिला मातोंडकर अभिनीत ‘प्यार तुने क्या किया’ में उर्मिला के अभिनय हमरा बहुत पसंद आइल आ हम वइसन किरदार करल चाहब.

अपना आवे वाली फिलिमन का बारे में कुछ बताईं.

लगभग आधा दर्जन फिलिम अबही फ्लोर पर बा. खन-खन बोले मोरा कंगना, जंजीर, गुलाम, धमाल कइले राजा जी, हमार सईयां दरोगा, मेहरारू बिना रतिया कइसे कटी, पाखंडी वगैरह.

अपना प्रशंसकन से कुछ कहल चाहब ?

प्रशंसक हमरा ला भगवान बरोबर हउवे. ऊ लोग हमरा के इंडस्ट्रीज में एगो बढ़िया पायदान पर चहुँपा दिहले बा. एही तरह हमरा के आपन प्यार सम्मान देत रहे लोग आ अगर कबो कवनो गलती हो जाव त हमरा के जरूरे बतावे लोग.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: