dhadkela-raniबिहार में सुपर हिट होखाला क बाद जबरदस्त एक्शन से भरल रोमांटिक थ्रिलर फिलिम ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’ अब मुंबईओ में पिछला 28 दिसम्बर के सफलता से रिलीज हो गइल. एह फिलिम में नवोदित विजय वर्मा, रानी चटर्जी, भोजपुरी फिल्मों के प्राण खलनायक संजय पांडे, चर्चित गायक अरविंद अकेला ‘कल्लू’, अयाज खान देखेवालन के दिल जीत लिहलन. एकर निर्देशक दिनेश यादव चर्चित निर्देशक राजकुमार पाण्डे के एसोसिएट रहले आ एक दर्जन से बेसी फिलिमन में योगदान दिहले रहलन.

एह फिलिम के निर्माण सुपर गोल्ड आडियो एण्ड सिनेविजन प्रा. लि. कइले बावे. गीत लिखले बाड़े प्यारेलाल यादव आ श्याम देहाती. संगीतो श्याम देहाती के ह. मार-धाड़ दिलीप यादव करवले त कलाकारन के नचावे क जिम्मा कानू मुखर्जी के रहल.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा, तथा अरुण)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: