सिनेमा भोजपुरी के हॉट गर्ल मोनालिसा नया साल के आगम पर, यानि कि 31 दिसंबर के रात पटना के होटल मौर्या में ठुमका लगइहें. एहिजा मोनालिसा बॉलीवुड के हिट आईटम नम्बर्स आ हिट गाने पर परफार्म करीहें. मोनालिसा दबंग-2 के ‘‘फेविकौल’’, हीरोईन के ‘‘हलकट जावानी’’ मैं हिरोईन, चिकनी चमेली से लगवले ‘‘माशाअल्लाह’’ गाना पर मदमस्त डांस पेश करे ला तइयार बाड़ी.
एह आधा घंटे के परफारमेंस खातिर मोनालिसा के भारी भरकम राशि मिलल बा. मोनालिसा एह आयोजन के लेके बहुते उत्साहित बाड़ी.
(प्रशांत निशांत)
381 total views, 2 views today