सभे जाने ला कि बिहार के लोग जहँवे गइल आपना लगन आ मेहनत से सभकर सम्मान जीतल आ कबो केहु पर बोझ ना बनल. हालही में गुजरात में आयोजित बिहार दिवस समारोह आयोजित भइल जवना में मुख्यंमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि बिहार आ गुजरात के बहुत पुराना रिश्ता रहल बा. कहलन कि खुशी क बात बा कि बिहार अब तेजी से तरक्की करत बा.

एह अवसर पर बिहार के स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे, भोजपुरी के मेगा स्टार आ लोकप्रिय गायक मनोज तिवारी के सम्मानित कइल गइल मनोज तिवारी अपना गायकी से जनता के मनोरंजनो कइलें. एह दौरान उत्साही जनता के काबू करे में पुलिस के बहुते मशक्कत करे क पड़ल.

मनोज तिवारी के कई गो फिल्म जल्दिए रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ जवना में अनेके रूप में दर्शकन के मनोरंजन करत नजर अइहें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

 307 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: