ना त हम स्टार हईं, ना हम बेकार हईं. हम त बस एगो कलाकार हईं, दर्शकन के प्यार हईं. इहे कहना बा भोजपुरी वर्ल्ड के चहेता सितारा राजीव सिंह दिनकर के. राजीव दिनकर के एक महीना का भीतर चार गो फिलिम रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ, ‘केहू हमसे जीत ना पाई’, ‘प्राण जाई पर वचन ना जाई’, ‘कबहू छूटे ना ई साथ’ अउर ‘सुगना’. स्टाइलिश हीरो के रूप में पहचान बनावे वाला राजीव दिनकर एह चारों फिल्मन के लेके बहुते उत्साह में बाड़न. चारो के तारीफ करत बाड़े राजीव दिनकर. ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ में लवर ब्वॉय का भूमिका में, ‘प्राण जाई पर वचन ना जाई’ में रजनीकांत स्टाइल के भूमिका में, ‘सुगना’ में देश खातिर आपन जान ले दे देबे वाला नायक का भूमिका में बाड़े राजीव दिनकर.
सादगी में रहेवाला राजीव दिनकर पहिलका अइसन स्टार हउवन जिनकर चार गो फिल्म एक साथ प्रदर्शित होखे जात बा. कोरियोग्राफर से एक्टर बनल राजीव दिनकर आजुवो सामान्य तरीका से जियल पसंद करेलें. अपना निर्मातन आ निर्देशकन के जमके तारीफ करे वाला दिनकर के कहना होला कि ओही लोग के प्यार बा कि एहिजा ले चहुंपल बानी.
(स्रोत – शशिकान्त सिंह)
274 total views, 4 views today
Badhai Rajeev ji …