भोजपुरी सिनेमा के मर्द नं॰ वन माने कि मनोज तिवारी. भोजपुरी फिल्मोद्योगो के लोग मानत बा कि भोजपुरी में अतना एक्शन वाला रोमांटिक फिल्म आजु ले नइखे बनल. मनोज तिवारी अभिनीत “मर्द नं॰ वन” अगिला १८ फरवरी के बिहार आ झारखण्ड में रिलीज होखे जा रहल बा. फिल्म में मनोज तिवारी के साथ दे रहल बाड़ी दक्खिन के धड़कन अभिनेत्री सायरा बानो. फिल्म के निर्माण आ निर्देशन मशहूर सुब्बाराव कइले बाड़न. Manoj Tiwari has done Rajnikant style action in the film and each and every action is like a Mard No. 1. एह फिल्म में मनोज तिवारी रजनीकांत स्टाइल के एक्शन सीन कइले बाड़न जवना के दक्खिन के विशेषज्ञ तकनीशियनन का देख रेख में फिल्मावल गइल बा. एह फिल्म के गाना त पहिलहीं से धूम मचवले बाड़न सँ. महुआ टीवी के सुर संग्राम आ डांस संग्राम में एह गानन के अकसरहां प्रतिभागी पेश करत रहले. “मर्द नं॰ वन” में एगो मनोज अउरी बाड़न, भोजपुरी सिनेमा के हास्य सम्राट मनोज टाइगर. तय बा कि ई फिल्म भोजपुरी सिनेमा का परदा पर जलजला ले आई.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

Advertisements