पिछला दिने एगो मामिला सामने आइल रहे जवना में एगो तांत्रिक बंगाली बाबा भोजपुरी अदाकारा रानी चटर्जी, असल नाम शबीना शेख, के धमकावत रहे कि पन्द्रह लाक रुपिया दे द ना त हमरा मारण मंत्र से तोहार मौत हो जाई. ओकर कहना रहे कि जवन सुपर स्टार ओकरा के एह काम में लगवले बा ऊ एकरा से कम देत बा आ अगर रानी ओहले बेसी दे देस त ऊ उनुका पर मारण मंत्र ना चलाई. एह मुकदमा में पुलिस केस में पवन सिंह के नाम नइखे बाकिर अब पवन सिंह लिखित माफीनामा भेजले बाड़न कि आइन्दा अइसन कुछ ना करीहे. उनुकर माफी नामा रानी का साथ साथ फेडरेशन आफ वेस्टर्न इन्डिया सिने इम्प्लाइजो के भेजल गंइल बा.


(स्रोत – खबर बा)

Loading

By Editor

3 thoughts on “पवन सिंह अपना गलती के माफी मँगले”

Comments are closed.

%d bloggers like this: