पूरा साल चलल पवन सिंह के जादू

पिछला साल २०१० में पूरा साल भोजपुरी लोकगायक आ सुपर स्टार पवन सिंह के जादू चलल. उनकर सबले बड़ ब्लाक बस्टर फिल्म रहल “देवरा बरा सतावेला” जवन पूरा देश में एतिहासिक व्यवसाय कइलसि. “भईया के साली ओढ़निया वाली” सबले बड़ ओपनिंग लिहलसि आ पहिलके हफ्ता में ३३ लाख नेट कलेक्शन बिटोरलसि. पवन सिंह के “सईंया का साथ मड़ईया में” साल के बड़हन हिट फिल्मन में शामिल रहे. उनकर बाकियो सब फिलिम पइसा वसूल साबित भइली सँ, दर्शकनो खातिर आ निर्मातो खातिर. एकरा अलावे टीवीओ पर पवन सिंह के जलवा देखे के मिलल आ उनकर आडियो रिलिजो खूब धूम मचवली सँ.

(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)


नन्दू निकम्मा के शूटिंग पूरा भइल

जी.जी.एम पिक्चर्स आ जी.जे.फिल्म इन्टरनेशनल का बैनर में राकेश गुप्ता आ अनिता देवी के प्रस्तुति “नन्दू निकम्मा” के शूटिंग पिछला दिने राजगीर में पूरा हो गइल. आठ गो गाना वाली एह फिल्म के निर्माण प्रभात रंजन आ पिंटु कुमार आ निर्देशन ब्रजभूषण कइले बाड़न. अगिला होली का बेरा रिलीज होखे वाली एह फिल्म का कलाकारन में प्रतिभा पाण्डेय, बीरेन्द्र कुमार, राकेश गुप्ता, विजय खरे, ऋतिकाम सुमंती बनर्जी, रूपा सिंह, पिंकू श्रीवास्तव, आ अरुण सिंह वगैरह शामिल बाड़े.

(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)


सीमा में रह के सिनेमा में यकीन करेली सीमा

भोजपुरी सिनेमा के दिलकश अदाकारा आयटम गर्ल सीमा सिंह खातिर सिनेमा के मतलब बस मनोरंजने ना बलुक सामाजिक सरोकारो होला. इलाहाबाद के रहे वाली सीमा सिंह के कहना ह कि सही मायने में आजादी के मतलब होला सामाजिक सरोकारन से जुड़ल रहल. कहेली कि सीमा में रह के सिनेमा करे में यकीन राखेली ऊ आ साथही अभिव्यक्ति के आजादीओ में उनकर भरोसा बा. सीमा सिंह नायिका बनला से बेसी आयटम गर्ल बनला पर ध्यान देली काहे कि जबले नायिका का रुप में एगो फिल्म करीहें तबले आयटम गर्ल का रुप में अठारह गो पूरा हो जाई. अपना के आयटम गर्ल का रुप में जमा लिहला का बाद सीमा सिंह नायिका बने के जोखिम लेबे के तइयार नइखी.कहेली कि आयटमे से पहिचान बनल आ आयटमे गर्ल बन के संतुष्ट बाड़ी. सुनील बुबना के फिल्म “कहाँ जइब राजा नजरिया लड़ा के” राजपूत खानदान से आवेवाली सीमा सिंह के पहिलका फिल्म रहे. पिताजी के ना चहला का बावजूद महतारी के सपोर्ट से ऊ फिल्मन में आ गइली. श्रीदेवी के आपन आदर्श माने वाली सीमा के तमन्ना बा कि महेश भट्ट निर्देशित फिल्म में काम करे के मौका मिलो.
बतावत चली कि पिछला दिने भोजपुरी सिनेमा के बिजुरिया कहलाये वाली सीमा सिंह एकही दिन में दूगो फिल्म के आयटम सांग शूट करा के एगो नया रिकार्ड बना दिहली. एहमें “रंगबाज राजा” के आयटम सांग मुंबई के मड आयलैन्ड में आ “दिलजले” के शूटिंग गोरेगाँव के फिल्म सिटी स्टूडियो में भइल.
(स्रोत – शशिकान्त सिंह)


बिहारी अस्मिता सम्मान से नवाजल गइली पाखी हेगडे

बिहारियन के धड़कन आ भोजपुरी सिनेमा के मशहूर अदाकारा पाखी हेगडे के पिछला दिने पटना में आयोजित समारोह में बिहार के कला संस्कृति आ युवा मामिला के मंत्री डा॰ सुखदा पाण्डेय के हाथे बिहारी अस्मिता के सम्मान से नवाजल गइल. बिहारी अस्मिता पुरस्कार ओह गैर बिहारियन के दिहल जाला जे बिहार का बाहर के होखला का बावजूद बिहार के परचम फहरावे में आपन योगदान देबेलें. एह समारोह में पाखी का अलावे कई गो उद्योगपतियन, समाजसेवियन, आ प्रवासियनो के सम्मानित कइल गइल. पिछला चार साल से भोजपुरी सिनेमा में सक्रिय पाखी सम्मानित होखला का बाद कहली कि ई सम्मान उनका के आपन बढ़त जिम्मेदारी के अहसास करावऽता.

(स्रोत – प्रशांत-निशान्त)


प्रवेश लाल सर्वश्रेष्ठ नवोदित अभिनेता

पिछला साल भोजपुरी सिनेमा के अब तक के सबसे बड़ सर्वे का बाद प्रवेश लाल यादव जूनियर निरहुआ के साल के सर्वश्रेष्ठ नवोदित अभिनेता चुनल गइल. ई सर्वे दि संडे इंडियन आ आईसीएमआर करवले रहे जवना में ५३ फीसदी लोग प्रवेश के सर्वश्रेष्ठ नवोदित अभिनेता मानल. दू नंबर पर २३ फीसदी मत का साथ रहलें आकाश सुलभ. प्रवेश के खासियत रहल कि पूरा सर्वे में अकेले उहे रहलन जिनका के पचास फीसदी से बेसी मत मिलल. पिछला साल प्रवेश के तीन गो फिल्म “करण अर्जुन, तू ही मोर बालमा, दिल” बाक्स आफिस पर सफल रहली सँ आ उनका अभिनय के सभे प्रशंसा कइल.

(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)


बुलन्दी के शूटिंग पूरा हो गइल

सॉस सिने विजन का बैनर में निर्माता निखिल नन्दा आ रमन कुमार के भोजपुरी फिल्म “बुलन्दी” के शूटिंग पूरा हो गइल. एक्शन, कॉमेडी, आ फेमिली ड्रामा से भरल एह फिल्म में तीन भाईयन के आपसी प्यार, त्याग, आ विश्वास के देखावल गइल बा. कथा संवाद आ निर्देशन अशोक त्रिपाठी अत्री के ह, संगीत के रत्नेश के, छायांकन जगवीर हुंडा के, नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी के, फाइट मंगल फौजी के, आ कला राजीव कुमार के बा. गीतकार हउवें राजेश मिश्रा, मुन्ना दूबेम अशोक आ सिन्हा. फिल्म के मुख्य कलाकारन में बिरहा सम्राट विजय लाल यादव, दीपक दूबे, मनोज द्विवेदी, गोपाल राय, संजय पांडे, राखी त्रिपाठी, प्रिया शर्मा, वर्षा तिवारी, बालेश्वर, धर्मेन्द्र सिंह, श्रद्धा नवल, जे के सिंह, जेपी सिंह, ललन सिंह, संतोष श्रीवास्तव, सपना, आ सीमा सिंह शामिल बाड़े.

(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

 420 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: