‘पागल प्रेमी’ जइसन सुपर डुपर हिट भोजपुरी फिलिम बनावे वाला निर्माता नवीन कुमार सिंह आ निर्देशक अजय कुमार के जोड़ी एक बेर फेर हंगामा बरपावे वाला बा अपना नयका भोजपुरी फिलिम ‘मुख्यमंत्री जी’ से.
बिहार के गुंडाराज आ नेतवन के मनमानी पर बनेवाली एह फिलिम के निर्माण सविताश्री प्रोडक्शन के बैनर तले कइल जाई. निर्माता आ निर्देशक अबही एह फिलिम का बारे में बेसी कुछ बतावे के तईयार नइखन सिवाय एकरा की एहमें नामचीन सितारा आ बेहतरीन टीम रही आ शूटिंग बिहार में कइल जाई.
(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)
मुख्यमंत्री जी
211 total views, 2 views today