भोजपुरिया खलनायक संजय पांडे अब ‘रंग दे प्यार के रंग में’ फिलिम में खलनायक के किरदार करत डांसो करत लउकीहें. फिल्म के शूटिंग पिछला दिने पूरा हो गइल आ अब एकर डबिंग होखत बा. एही दौरान निर्माता रामजनक जायसवाल के मन कइल कि काहे ना एहमें संजय पांडे पर एगो खास गाना फिलिमा लिहल जाव. संजय पांडे से पूछल गइल त चउंक के कहलें शूटिंग पूरा भइला का बाद कवन गाबा. बाकिर निर्माता के दबाव पर संजय पांडे तइयार हो गइलें आ एगो एडीशनल आयटम नम्बर फिलिमा लिहल गइल फिलिम ला.

संजय पांडे एह घरी हर बड़का बैनर का फिलिम में खलनायकी करत नजर आवत बाड़ें. पिछला दिने बिट्टू सरदार क फिल्म ‘रिक्शावाला आई लव यू’ क शूटिंग चांदीवली स्टूडियो में आ जगदीश शर्मा निर्देशित ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ क शूटिंग मड आईलैण्ड में पूरा करवलें. दुनु में दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ के मुख्य भूमिका बा. ‘सपूत’ आ ‘लहू के दो रंग’ फिलिमो में संजय पांडे मुख्य खलनायक बाड़ें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: