पिछला दिने उदित नारायण, कुमार अन्ना, के रामजी सिंह, अझय सिंह वगैरह का मौजूदगी में डी॰एस॰ फिल्म्स इन्टरटेनमेंट के बनावल भोजपुरी फिल्म “फौजी” के खास स्क्रीनिंग करावल गइल. फिल्म के खास कलाकारन में नवोदित अभिनेता शिवम तिवारी, रानी चटर्जी, मनोज टाइगर, विनय बिहारी, प्रिया शर्मा, सधीर दलवी, माया यादव, दीपक भाटिया, समीर शेखम संजु श्रीवास्तव, आ मेहमान भूमिका में सुदीप पाण्डेय के नाम शामिल बा. फिल्म के निर्देशन पराग पाटिल कइले बाड़न आ संगीत राज सेन आर पी ठाकुर के बा. बिहार आ पंजाब में फिल्म जल्दिये रिलीज होखे जा रहल बिया.


(स्रोत – समरजीत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: