अक्षरा सिंह के क़ातिल अदा पर एह घरी सभे फिदा बा आ ऊ धड़ाधड़ फिलिम साईन करत बाड़ी. अक्षरा सिंह के कई गो फिलिम फ्लोर पर बाड़ी सँ आ कुछ रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ. एहमें हैदर काजमी संगे दू गो फिलिम ‘कालिया’ अउर ‘बिगुल’ आ पवन सिंह संगे ‘बजरंग’ खास बाड़ी सँ.

निर्माता जे.पी. सिंह आ निर्देशक नंद किशोर महतो के फिल्म ‘बजरंग’ जल्दिये बिहार समेत पूरा देश में रिलीज होखी. यूपी आ बिहार में शूटिंग भइल एह फिल्म के मुख्य कलाकारन में पवन सिंह, अक्षरा सिंह, संजय पांडे, जय सिंह, उमेश सिंह, रमेश दुबे, सीमा सिंह, वैभव राय आ मास्टर वरुण सिंह शामिल बाड़े.

अबहिये से कहात बा कि ई फिल्म अक्षरा के कैरियर के एगो अउर ब्लाक बस्टर साबित होखी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Advertisements