Shanu-ballu-loharटॉकिंग फिल्म्स अउर सरस्वती काली फिल्म्स के बैनर तले बनत फिलिम ‘बल्लू लोहार‘ के संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने मशहूर मेलोडी गायक कुमार शानू का सुमधुर आवाज़ में रिकार्ड करके कइल गइल.

फिलिम निर्माता स्वप्न दीप आ कुन्दन यादव, निर्देशक राम अनुग्रह झा, तकनीकी निर्देशक श्याम चरण यादव, गीतकार रामचन्द्र सिंह, रवि यादव, आ बद्री दास, संगीतकार नितिन रंजन, कथाकार रवि यादव, पटकथा- संवाद लेखक रामचंद्र सिंह, सिनेमेटोग्राफर बाबा खान, नृत्य निर्देशक अशोक मयंक, कला निर्देशक श्याम लाल, आ मारधाड़ निर्देशक रंधीर कश्यप हउवें.

मुख्य कलाकार बाड़ें विपिन यादव, अभय शर्मा, अर्पित माली, शेखर झा, माधवेन्द्र कुमार, अप्पू आ जनार्दन सिंह.


(अपना न्यूज़)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: