शूटिंग क दौरान जबो मौका मिलेला डांसिंग क्वीन सीमा सिंह मंदिर गइल ना भुलाली आ लिज्जत खाना उनुका बहुते भावेला. पिछला दिने जौनपुर में असलम शेख निर्देशित फिल्म ‘रखवाला’ के शूटिंग करे गइली त लवटान में बनारस के बाबा विश्वना् के दर्शन पूजन करे चल गइली. साथही गंगा दर्शन कइली आ मंदिर के बाहर निकलली त कचौड़ी खाए एगो होटल में बइठ गइली आ कतना जलेबी कचौड़ी खा गइली खुद उनुको याद नइखे.

सीमा सिंह मां अन्नपूर्णा के दर्शन कइली आ उनुको से मन्नत मँगली. इलाहाबाद के सीमा सिंह हमेशा से बनारस के बाबा विश्वनाथ के दर्शन करे के तमन्ना रखले रही. कहली कि जब मौका मिलल त भागत चल अइली.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: